[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर पुलिस में बड़ फेरबेदल, 66 दरोगा लोग के भइल ट्रांसफर: रेप पीड़िता से 20 हजार रुपया लेवे वाली गालीबाज महिला दरोगा पs कौनो कार्रवाई नाइ, 6 लोग से छिनाइल चौकी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर पुलिस में बड़ फेरबदल भइल बा। SSP डॉ. गौरव ग्रोवर एक्के संगे 66 दरोगा लोग के ट्रांसफर कs दिहलें। उहवें, एतना बड़ फेरबदल के बाद पुलिस विभाग में हड़कंप मचल बा। उहवें, 6 चौकी इंचार्ज लोग से चौकी के प्रभार छोर के दूसरे थाना पर तैनात कर दिहल गइल। एहमें एयरफोर्स चौकी इंचार्ज रहल सुनीता सिंह भी शामिल बाड़ी।

फाइल में बंद हो गइल जांच

हालांकि, सुनीता सिंह के खिलाफ तमाम शिकायतन के बादो उनपर विभाग के मेहरबानी साफ दिखल। व्यापारियन के सरे राह गरियवले के वीडियो सामने अइले अउर रेप पीड़िता से 164 के बयान करवले के नाम पर 20 हजार रुपए घुस लेहले के मामला सोझे अइले के बादो अधिकारी एहपर आंख बंद कs लिहलें। एह दूनों मामिला में जांच के त आदेश दिहल गइल , लेकिन पुलिस के बाकी काम के तरे एह जांच में फाइल में बंद हो गइल।

एह दरोगा लोग से छोराइल चौकी

कहल जा रहल कि, गालीबाज दरोगा बड़ पैरवी अधिकारियन से करावल गइल बा। शायद इहे वजह बा कि उनका पर कार्रवाई कइले से पहिले अधिकारियन के भी हाथ कांप जा रहल बा। उहवें, एह ट्रांसफर में सुनीता सिंह से चौकी के प्रभार छोर के उनके खोराबार थाना पर तैनात कs दिहल गइल बा। जबकि, रामनगर कड़जहां के चौकी इंचार्ज सुशील कुमार चौरसिया के थाना बेलीपार, चौकी इंचार्ज विकानगर राजेश गुप्ता को थाना उरुवा बाजार, चौकी इंचार्ज कौवाबाग रामप्रवेश के थाना उरुवा बाजार, नई बाजार चौकी इंचार्ज कृष्ण कुमार गुप्ता के थाना झंगहा अउर चौकी इंचार्ज पिपरौली बैजनाथ बिंद के पिपराइच थाना SSI बनावल गइल बा।

इनकर भइल ट्रांसफर

मनोज कुमार वर्मा पुलिस लाइंस से SSI खोराबार, अशोक कुमार यादव SSI गगहा से SSI शाहपुर, शेष कुमार शर्मा थाना गुलरिहा से SSI गुलरिहा, बांके यादव पुलिस से SSI तिवारीपुर, अरुण कुमार सिंह पुलिस लाइंस से SSI गोला, अवधेश कुमार पांडेय थाना चौरीचौरा से SSI सहजनवा, संतोष कुमार सिंह पुलिस लाइंस से SSI बड़हलगंज, सुबाष पांडेय पुलिस लाइंस से SSI गगहा, रुद्र प्रताप सिंह पुलिस लाइंस से चौकी इंचार्ज गजपुर, रुपेश पाल थाना चिलुआताल से चौकी इंचार्ज नई बाजार, आलोक राय थाना झंगहा से चौकी इंचार्ज पिपरौली बनावल गइल बा।

एहू लोग के भइल तैनाती

उहवें राकेश कुमार थाना शाहपुर से चौकी इंचार्ज विकासनगर, धर्मवीर सिंह चौकी इंचार्ज पादरीबाजार से चौकी इंचार्ज कौवाबाग, खुर्शीद खान थाना कैंट से चौकी इंचार्ज इंजीनियरिंग कॉलेज, कुंवर ​अभिषेक थाना चिलुआताल से चौकी इंचार्ज एयरफोर्स, आशीष सिंह, चौकी इंचार्ज असुरन से चौकी इंचार्ज आजाद चौक, अभिषेक राय थाना सिकरीगंज से चौकी इंचार्ज फलमंडी, प्रभात सिंह चौकी इंचार्ज करमैनी से चौकी इंचार्ज रामनगर कड़जहां, शंभू साहनी चौकी इंचार्ज पैडलेगंज से चौकी इंचार्ज असुरन, रामजी गुप्ता थाना खोराबार से चौकी इंचार्ज पैडलेगंज, कृष्ण कुमार सिंह थाना कैंपियरगंज से चौकी इंचार्ज करमैनी घाट अउर चंदन कुमार को थाना सिकरीगंज से चौकी इंचार्ज पादरीबाजार बनावल गइल बा।

एह लोग के भइल ट्रांसफर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]