[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर समाचार : सरकारी स्कूल के जमीन पे प्रशासन करइलस कब्जामुक्त, बहुत दिन से चलत रहे प्रयास

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गोरखपुर जिला में गगहा थाना क्षेत्र के करवल मझगांवा चौराहा पे स्थित प्राथमिक विद्यालय मझगांवा के जमीन पे कुछ दोकानदार अवैध तरीका से अतिक्रमण कइले रहले। बुधवार के जिला मजिस्ट्रेट कृष्ण करुणेश के आदेश पे बांसगांव नायब तहसीलदार अभिषेक मिश्रा पुलिस बल के संगे मौका पे जाके बुलडोजर के मदद से अवैध अतिक्रमण के दूर क स्कूल के जमीन के मुक्त क देले। ए दौरान गांव के लोग भी कार्रवाई देखे खातीर जुट गईले।

 

स्कूल के जमीन पे अतिक्रमण के शिकायत करवल मझगांवा प्राथमिक विद्यालय के प्राचार्य संतोष कुमार सिंह, मझगांवा निवासी गौरव सिंह आ ग्रामीण के ओर से बेसिक शिक्षा अधिकारी आ जिला मजिस्ट्रेट के दिहल गईल।

 

नायब तहसीलदार अभिषेक मिश्रा बतवले कि गांव के कुछ लोग गोरखपुर-वाराणसी राजमार्ग से ठीक सटल सरकारी स्कूल के बाहरी किनारा पे गांव के कुछ लोग अतिक्रमण कईले बाड़े। स्कूल प्रशासन एकरा बारे में विभाग से कई बेर शिकायत कईले रहे।

उ बतवले कि जांच के बाद अतिक्रमण के हटावे खातीर कई बेर नोटिस भी दिहल गईल, लेकिन लोग मौका से अतिक्रमण के ना हटावलस। एकरा बाद बुधवार के स्कूल के जमीन अतिक्रमण से मुक्त हो गईल। एकरा संगे अब से लोग के स्कूल के जमीन पे अतिक्रमण ना करे पे रोक लगा दिहल गईल बा।

 

अतिक्रमण दूर करे खातिर प्रशासन के ओर से कईल गईल कार्रवाई पे ग्रामीण आ स्कूल के शिक्षक आभार जतवले बाड़े। गगहा के प्रखंड शिक्षा अधिकारी मिन्हाज आलम बतवले कि लमहर लड़ाई के बाद तहसील प्रशासन के ओर से प्राथमिक विद्यालय पe भईल अतिक्रमण के मुक्त क दिहल गईल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]