Gorakhpur News: पशु तस्कर पुलिस पs कइलें पथराव, एगो दारोगा आ सिपाही घायल; देर रात के घटना

Share

गोरखपुर। गुलरिहा इलाका के संगम चौराहा के लगे बुध के रात पशु तस्कर पुलिस पs पथराव कs देलें। एमे एगो दरोगा आ एगो सिपाही घायल हो गइल लोग। दुनो के बीआरडी मेडिकल कॉलेज में इलाज चल रहल बा। ओहिजा, पशु तस्कर मवका से भाग गइलें सs।

जानकारी के अनुसार, शाहपुर पुलिस बुध के रात एक बजे के करीब पशु तस्करन के पीछा करत रहे। ओहि समय गुलरिहा थाना के दरोगा अजीत कुमार आ दीवान मोहसिन संगम चौराहा के लगे गश्त पs रहे लोग। सामने पुलिस के देखके पशु तस्कर गाड़ी पs पथराव सुरू कs देलें सs।

संगही गाड़ी में ठोकर मारके भाग गइलें सs। पत्थर लगला से दरोगा के माथा में चोट आइल बा। दूनो के बीआरडी मेडिकल कॉलेज में इलाज चल रहल बा। गुलरिहा थाना प्रभारी जितेंद्र कुमार सिंह बतवलें कि घायलन के इलाज चल रहल बा। ममिला के जांच कइल जा रहल बा।

Read Also: Root vs Bumrah: टीम इंडिया के जीत खातिर बुमराह के चलल जरूरी, उनका खिलाफ हमेशा खामोश रहल बा जो रूट के बल्ला

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-