[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: डेंगू के 10 संक्रमित मिलल, आठ जिला अस्पताल में भर्ती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

 

मंगल के दिने दस गो डेंगू संक्रमण के खबर आइल। एलाइजा किट के इस्तेमाल से भईल जांच में डेंगू के मरीज के पुष्टि भईला के बाद डेंगू के मरीज के संख्या बढ़ के १७० हो गईल बा। एहमें से 8 गो गंभीर मरीज के जिला अस्पताल में भर्ती करावल गइल। जिला अस्पताल के डेंगू वार्ड में सब बेड भरल बा। 100 बेड के टीबी अस्पताल में नया मरीज के भर्ती करावल जा रहल बा।

जिला में रोज डेंगू के नया मामिला सामने आ रहल बा। मंगल के दिने भी नया केस मिलल बा। जिला मलेरिया नियंत्रण अधिकारी अंगद सिंह बतवले कि संक्रमित लोग में गोलघर के 28 वर्षीया महिला, शाहपुर के 13 वर्षीय किशोर, दीवान बाजार के 28 वर्षीया महिला, अलीनगर के 55 वर्षीया महिला, जाफरा बाजार के 19 वर्षीय युवक, मोहद्दीपुर के 27 वर्षीय युवक, दुर्गाबाड़ी के 33 वर्षीय युवक, जंगल मातादीन के 45 वर्षीय युवक, करीम नगर के 28 वर्षीय युवक आ सहजनवा के 71 वर्षीया महिला डेंगू के चपेट में बाड़ी। आठ घर में मच्छर के लार्वा मिलला के बाद नोटिस दिहल गईल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]