[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में बढ़ रहल बा डेंगू के प्रकोप: मेयर फागिंग अभियान के सुरुआत कइलें, नगर आयुक्त बोललें- हरदिन 30 बेर दवा के छिड़काव होई 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में दिन प्रति दिन डेंगू के प्रकोप बढ़त जा रहल बा। अब तक मिलल कुल 59 केसन में 48 अभियो सक्रिय बा। डेंगू के बढ़त प्रकोप के देखत गोरखपुर नगर निगम तइयारी कs लेले बा। अतवार के सांझ नगर आयुक्त गौरव सिंह सोगरवाल के नेतृत्व में नगर निगम फागिंग के महा अभियान चलवलस। मेयर मंगलेश श्रीवास्तव फागिंग अभियान के हरियर झंडी दिखाके रवाना कइलें। इंदिरा बाल विहार से सुरू भइल ई अभियान दु घंटा तक शहर के सब 80 वार्डन में चलत रहल। एह दौरान निगम के करीब 300 कर्मचारी आ श्रमिक अभियान में सामिल भइल लो।

नगर आयुक्त गौरव सिंह सोगरवाल बतवलें कि डेंगू के जड़ से खतम करे खातिर शहर के हर वार्ड में नगर निगम के मशीन रोजाना 30 बार फागिंग करिहें सs। डेंगू से बचाव खातिर फागिंग सबसे कारगर बा। एहिसे एगो रोस्टर के तहत अभियान चलावल जा रहल बा। नगर आयुक्त कहलें कि वार्ड के निवासियन के पूरा सावधानी बरते के चाहीं, कहीं साफ जल जमा ना होखे देवे के  चाहीं।

गोरखपुर में फागिंग महा अभियान के सुरुआत।

नगर निगम के बेड़ा में सामिल भइल 56 नया मशीन

नगर आयुक्त बतवलें कि अतवार के नगर निगम के बेड़ा में फागिंग के 5 बड़ मशीन समेत 56 नया मशीनन के सामिल कइल गइल बा। अब कुल मशीनन के संख्या 300 से जादे हो गइल बा। अइसन में सब वार्डन में रोस्टर के हिसाब से नियमित अंतराल पs फागिंग होत रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]