[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर के मेडिकल कॉलेज में मंकीपॉक्स के संदिग्ध मरीज कइल गइल भर्ती, अफ्रीकी देश से लौटल बा मरीज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर बीआरडी मेडिकल कॉलेज में मंकीपॉक्स बीमारी के संदिग्ध मरीज भर्ती करावल गइल बा। मरीज हाले में अफ्रीकी देश से लौटल बा। जांच खातिर मरीज के लार अउरी खून के नमूना किंग जॉर्ज चिकित्सा विश्वविद्यालय (केजीएमयू) लखनऊ भेजल गइल बा। दूसरा तरफ, मरीज के संपर्क में आइल डॉक्टर लोग अपना के आइसोलेट कs लेहलें बानें।

मेडिकल कॉलेज के चर्म रोग विभाग के एसोसिएट प्रो. राजकुमार बतवलें कि मरीज में शुरुआती लक्षण मंकीपॉक्स के लाग रहल बा। एह वजह से ओनके अलग वार्ड में रखल गइल।

मंकीपॉक्स संक्रामक बीमारी हवें। एहलिए प्रोटोकॉल के तहत मरीज के आइसोलेट कइल गइल बा। सबसे गंभीर समस्या सांस फुलला के बा। मंकीपॉक्स के ई लक्षण खतरनाक हवे। मरीज के ऑक्सीजन लेवल भी रुकल नाइ रहsता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]