[the_ad_group id="30365"]

NLEM: सस्ता हो जाई कइयन गो एंटीबायोटिक आ कैंसर रोधी दवा, स्वास्थ्य मंत्री जारी कइलें आवश्यक दवा के नया सूची

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश में जरूरी दवा अब सस्ता होखे वाला बाड़ी सs। दरअसल आवश्यक दवा के राष्ट्रीय सूची (एनएलईएम) में आइवरमेक्टिन, मुपिरोसिन, निकोटीन रिप्लेसमेंट थेरेपी जइसन कुछ संक्रमण रोधी दवा के जोड़ दिहल गइल बा। एह सूची में अब 384 दवा शामिल हो गइल बा। ओहिजा 26 गो दवा के एह राष्ट्रीय सूची से हटा दिहल गइल बा, जेमे रैनिटिडिन, सुक्रालफेट, व्हाइट पेट्रोलेटम, एटेनोलोल आ मेथिल्डोपो शामिल बा।

आवश्यक दवा के सूची में जुड़ला से कइयन गो एंटीबायोटिक्स, टीका आ कैंसर रोधी दवा सस्ता हो जाई।केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री मनसुख मंडाविया मंगर के ताजा आवश्यक दवाइयन के सूची जारी कइलें। मंडाविया ट्वीट कइलें, ‘आवश्यक दवा के राष्ट्रीय सूची 2022 जारी कइनी। एमे 27 कैटगरी में 384 दवा शामिल बा। कइयन गो एंटीबायोटिक्स, टीका, कैंसर रोधी दवाई आ आउर कइयन गो आवश्यक दवा सस्ता हो जाई आ मरीजन के जेब खर्च के कम करी।

एह सूची में फ्लूड्रोकोरटिसोन, ऑरमेलॉक्सीफेन, इन्सुलिन ग्लेरजीन आ टेनेलाइटिन जइसन अंत:स्त्रावी आ गर्भनिरोधक दवा के जोड़ल गइल बा। एकरा अलावे मॉन्टेलुकास्ट (श्वसन पथ खातिर दवा) आ लैटानोप्रोस्ट (नेत्र रोग संबंधी दवा) के नामो सूची में शामिल कइल गइल बा। एकरा अलावे कार्डियोवैस्कुलर, डबीगट्रान आ टेनेक्टेप्लेस के सूची में जगह मिलल बा।

दवा पs स्थायी राष्ट्रीय समिति के उपाध्यक्ष डॉ. वाई.के. गुप्ता कहले, “एनएलएम के सूची में आइवरमेक्टाइन, मेरोपेनेम, सेफुरोक्साइम, एमिकासिन, बेडाक्विलाइन, डेलामेनिड, इट्राकोनाजोल एबीसी डोलटेग्रेविर जइसन दवा के जोड़ल गइल बा।” डॉ. गुप्ता  कहले, “दवाइयन के राष्ट्रीय सूची (एनएलईएम) में दवा अनुसूचित श्रेणी में शामिल बा आ ओकर कीमत नेशनल फार्मास्यूटिकल प्राइसिंग ऑथोरिटी द्वारा नियंत्रित कइल जाला।”

पिछला साल भारतीय चिकिस्ता अनुसंधान परिषद (आईसीएमआर) के तहत एगो विशेषज्ञ समिति 399 दवाइयन के संशोधित सूची प्रस्तुत कइले रहे। व्यापक विश्लेषण के बाद मंडाविया द्वारा बड़ बदलाव के मांग कइल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]