[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर महोत्सव: कलाकारन के नाम तय, जल्दीए लगी मुहर; बी प्राक के नाम लगभग तय

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गोरखपुर महोत्सव के मंत्रमुग्ध करीहें बॉलीवुड गायक बी प्राक। साथही भोजपुरी गायिका कल्पना पटवारी अपना गीतन से महोत्सव के रौशन करीहें। महोत्सव समिति मुख्य आयोजन बॉलीवुड आ भोजपुरी नाईट खातिर कलाकारन के नाम पs सहमत हो गइल बिया।जल्दिए एकर घोषणा भी करी।

गोरखपुर महोत्सव-2024 के तैयारी अंतिम चरण में बा। महोत्सव 11, 12 आ 13 जनवरी के होखी। रामगढ़ताल के किनारे चंपा देवी पार्क अवुरी प्रदर्शनी मैदान में होखेवाला महोत्सव में कला, संस्कृति अवुरी खेल के संगम देखाई दिही। प्रतियोगिता में बेहतरीन प्रदर्शन करे वाला कलाकार, खिलाड़ी आ विद्यार्थियन के पुरस्कृत आ सम्मानित कइल जाई।

महोत्सव के शाम में बॉलीवुड के कलाकार रंग भर दिहे। साथही एह महोत्सव के मंच के शोभा बढ़ा दीहें भोजपुरी कलाकार। एकरा खातिर कलाकारन के चयन के प्रक्रिया लगभग पूरा हो गइल बा। अबहीं एकर एलान खाली होखे के बा। एह महोत्सव में स्थानीय कलाकारन के भी मंच मिली। जबकि शिल्प मेला सात दिन ले चली। एह दौरान हर साँझ सांस्कृतिक कार्यक्रम के आयोजन कइल जाई।

क्षेत्रीय पर्यटन अधिकारी रविन्द्र कुमार मिश्रा कहले कि गोरखपुर महोत्सव के तइयारी जारी बा। आवेदन स्थानीय कलाकारन से आइल बा। बॉलीवुड आ भोजपुरी नाइट कलाकारन के नाम जल्दिए घोषित कइल जाई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]