[the_ad_group id="30365"]

शाहिद कपूर खरीदले करोड़न के नया मर्सिडीज कार, होश उड़ा दी गाड़ी के कीमत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बॉलीवुड के कलाकार आ अभिनेत्री आपन लग्जरी लाइफस्टाइल खातिर जानल जालें आ आपन नया कार के चलते अक्सर खबरन में भी आवेलें। रोज सुनत बानी जा कि ई अभिनेता ई लग्जरी गाड़ी खरीदले बाड़े, ऊ अभिनेत्री ऊ गाड़ी खरीदले बिया। तापसी पन्नू एह साल गणेश चतुर्थी के मौका पs मर्सिडीज मेबैक GLS 600 लग्जरी कार खरीदले रहली।श्रद्धा कपूर दशहरा के खास दिन लाल रंग के लेम्बोर्गिनी ह्यूराकन टेक्निका कार खरीदले रहली। एही बीच बॉलीवुड अभिनेता शाहिद कपूर भी एगो नाया कार खरीदले बाड़े। हँ अब शाहिद कपूर के गैराज में करोड़ों के एगो अउरी कार जोड़ल गइल बा। शाहिद कपूर अभिनेता अवुरी उनुकर पत्नी मीरा राजपूत हालही में एगो बिल्कुल नाया लग्जरी कार मर्सिडीज मेबैक खरीदले बाड़े, जवना के कीमत करोड़ों बा।

शाहिद करोड़ों के नया मर्सिडीज खरीदले

हाल ही में मेबैक आपन आधिकारिक पेज मेबैक इंडिया पs एगो तस्वीर शेयर कईले बिया, जवना में शाहिद कपूर अवुरी मीरा राजपूत हाथ में गुडीज लेके गाड़ी के संगे पोज देले बाड़े। अब शाहिद के ईs तस्वीर सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा। प्रशंसक भी एह तस्वीर पs कमेंट के रहल बाड़े आ अभिनेता के नया कार खातिर बधाई दे रहल बाड़े। बता दीं कि पिछला साल भी शाहिद कपूर मेबैक S580 नाम के एगो लग्जरी कार खरीदले रहले। ए कार के दाम करीब 2.8 करोड़ रुपिया बा। एकरा अलावे शाहिद के लगे रेंज रोवर वोग, रेंज रोवर वोग, Porsche Cayenne GTS, Jaguar XKR-S अवरू मर्सिडीज-एएमजी एस400 जईसन कार पहिलही से बा। आ हर गाड़ी के दाम करोड़ो में बा।

शाहिद कपूर के वर्कफ्रंट

प्रोफेशनल फ्रंट के बात करीं तs शाहिद कपूर एह साल ‘फर्जी’ आ ‘ब्लडी डैडी’ जइसन प्रोजेक्ट में देखल गइलन। अब ऊ अगिला प्रोजेक्ट ‘देवा’ में नजर अइहें जवन दशहरा 2024 पs सिनेमाघरन में रिलीज होखे वाला बा। एकरा अलावे शाहिद जियो स्टूडियो आ दिनेश विजान के अनटाइटल्ड वाला फिल्म में भी देखे जा रहल बाड़े। ईs फिलिम 9 फरवरी 2024 के रिलीज होखी जवना में अभिनेत्री कृति सैनन उनुका साथे नजर अइहें।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]