[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: बेंगलुरु से लौटल इंजीनियर मिलल कोरोना संक्रमित, कुल मरीजन के संख्या भइल चार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला में कोरोना के मरीज अब बढ़े लागल बा। लगातार दूसरे दिन सुक्क के एक अउर युवक संक्रमित मिलल बा। युवक हालही में बंगलुरु से लौटल। अब कोरोना मरीजन के संख्या चार हो गइल बा।

विभागीय जानकारी के मुताबिक पेशा से सॉफ्टवेयर इंजीनियर युवक 26 दिसंबर के फ्लाइट से गोरखपुर पहुंचलें। अगिले दिन उनकर तबीयत खराब भइल। तेज बुखार के संगे बदन में दर्द भइल। एकरे बाद 28 दिसंबर के युवक ने डॉक्टर के सलाह पs अपना नमूना कोरोना जांच खातिर निजी पैथोलॉजी के दिहल गइल। निजी पैथोलॉजी के आरटीपीसीआर जांच में युवक संक्रमित मिलल बानें।

रिपोर्ट अइले के बाद महकमे में हड़कंप मच गइल। आनन-फानन में रैपिड रिस्पांस टीम युवक से संपर्क कइलस। टीम सनीचर के युवक के घर रिस्पांस टीम निरीक्षण भी करी। युवक के संपर्क में आइल लोग के पहचान कइल जा रहल बा।

एडिशनल सीएमओ डॉ. एके सिंह बतवलें कि इनके साथही जिला में पहिला लहर से अब ले 68,428 लोग संक्रमित हो चुकल बानें जेमें से 67,556 लोग स्वस्थ हो चुकल बा। 866 लोग के मौत हो चुकल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]