[the_ad_group id="30365"]

Weather Update: पूरा हफ्ता बनल रही घना कोहरा आ शीतलहर, उत्तराखंड हरियाणा आ यूपी में पड़ी कड़ाका के ठंड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रीय राजधानी समेत उत्तर भारत में साल के पहिला दिन भलही घाम उगल, बाकिर एह हफ्ता घना कोहरा छाइल रहला आ भीषण शीतलहर के आसार बा। मौसम विभाग के मोताबिक पश्चिमोत्तर भारत के जादतर इलाका शीलहर के चपेट में रही, ओहिजा उत्तराखंड, पंजाब, हरियाणा आ उत्तर प्रदेश में अगिला दु-तीन दिनन तक घना कोहरा छाइल रही। एह राज्यन के कुछ इलाकन के संगही मध्य प्रदेश के पश्चिमी हिस्सन में अगिला दु दिन जादे ठंडा पड़ला के संभावना बा।

भारतीय मौसम विज्ञान विभाग (आईएमडी) के मोताबिक हलुक हवा आ सिंधु-गांग के मैदानी इलाकन में सतह के नीचिका जादे नमी के कारण एह समय कोहरा सामान्य बा। हिमाचल से पश्चिम दिशा के तरफ बहे वाला हवा के चलते उत्तर भारत के मैदानी इलाकन, पश्चिमोत्तर आ निकटवर्ती मध्य भारत के क्षेत्रन में अगिला दु दिन के दौरान न्यूनतम तापमान में 2-4 डिग्री तक के गिरावट अइला के संभावना बा।

एकरा प्रभाव में राजस्थान के उत्तरी इलाकन में मंगर तक कहीं ठंडा तs कहीं बहुत अधिक ठंडा हवा चल सकत बा। पिछला हफ्ता दिल्ली आ आसपास के इलाकन के भीषण शीतलहर से कुछ राहत मिलल रहे। दिसंबर के आखिरी दिनन के छोड़के पिछला हफ्ता उत्तर भारत के जादतर इलाकन में दिन में जादे ठंडा ना महसूस कइल गइल। घना कोहरा से राहत रहल। मौसम विभाग कहलस कि पश्चिमी विक्षोभ के चलते ठंडा से कुछ राहत मिलल रहे।

दिसंबर में सात पश्चिमी विक्षोभ:

आईएमडी के मोताबिक दिसंबर महीना में पश्चिमी विक्षोभ के सात ममिला सामने आइल। एमे से छव के प्रभाव कमजोर रहल, खाली एगो (28-30 दिसंबर) के प्रभाव मजबूत रहल। एकरे चलते जम्मू-कश्मीर, हिमाचल प्रदेश आ उत्तराखंड के ऊंचाई वाला इलाकन में दिसंबर के आखिरी तीन दिनन में एह मौसम के पहिला बर्फबारी भइल रहे।

आईएमडी के महानिदेशक मृत्युंजय महापात्र सनीचर के कहले रहस, जदि बरखा कम होखला के संकेत मिलत बा तs एकर मतलब बा कि पश्चिमी विक्षोभ के गतिविधियो कम होखला के संभावना बा। जदि कम पश्चिमी विक्षोभ होला तs पश्चिमोत्तर भारत में उत्तर से पश्चिम के तरफ बहे वाला हवा के प्रभाव बनल रह सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]