[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: मारपीट के आरोप में एम्स के आठ लइके सस्पेंड, दू गुट के बीच भइल रहे विवाद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान (एम्स) में एमबीबीएस छात्रन के बीच भइल मारपीट में आठ छात्रन के सस्पेंड कs दिहल गइल बा। मामिला के जांच में छात्रन के दोषी पावल गइले पर एम्स प्रशासन ई फैसला लिहले बा।

जानकारी के मुताबिक, शनिचर के एम्स में एमबीबीएस 2019-20 बैच के छात्र मेस में खइले के ले के आपस में भिड़ गइलें। बतावल जा रहल बा कि छात्रन के बीच कई गुट बन गइल बा जौन एक दूसरे के विरोध करेने। एही क्रम में खइले के बात के ले के दू गुट में मारपीट भइल। एह घटना में दूनों गुट के करीब छह छात्रन के चोट आइल रहल जेमें तीन लइके गंभीर रूप से घायल भइल रहनें। एह छात्रन के इलाज एम्स में ही चल रहल बा।

घटना के बाद एम्स प्रशासन मामिला के दबवले में जुटल रहल। एही बीच मामिला के जानकारी केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के हो गइल। एकरे बादे एम्स प्रशासन जांच कमेटी बनवलस। कमेटी आठ छात्रन के दोषी पवलस। एकरे बाद इन छात्रन के तत्काल प्रभाव से सस्पेंड कs दिहल गइल।

एम्स मीडिया प्रभारी पंकज श्रीवास्तव कहनें कि एम्स में एमबीबीएस छात्रन के बीच मारपीट के घटना भइल रहे। मामिला में जांच कमेटी के रिपोर्ट के आधार पर आठ छात्रन के सस्पेंड कs दिहल गइल बा। एम्स कैंपस में एह छात्रन के सब गतिविधि पs रोक लगा दिहल गइल बा।

छात्रन के गुट चलावsला मेस

एम्स में खइले के मेस छात्रन के एगो गुट चलावsला। जेके ले के छात्रन के दूसरे गुट के आपत्ति बा। अंदर खइले के लेके काफी दिन से विरोध चलत रहल। बतावल जा रहल बा की मेस चलावे के ले के दूसरे बैच के एमबीबीएस छात्र काफी दिन से कोशिश में बानें लेकिन उनके मौका नाइ दिहल जा रहल बा। एकरे पीछे एम्स के बड़ अधिकारी के हाथ बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]