[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: परिषदीय स्कूल में 1.15 लाख नयका लइके लिहलें दाखिला, नामांकन के मिलल रहे 68,108 लक्ष्य

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में परिषदीय स्कूलन के बदलत तस्वीर अब अभिभावकन के भी ध्यान खींच रहल बा। स्कूलन के कायाकल्प, स्मार्ट क्लास, एमडीएम, निशुल्क स्कूल बैग, कॉपी किताब, यूनिफार्म सरीखी सुविधा के मदद से परिषदीय स्कूल भी निजी स्कूल के टक्कर दे रहल बा। इहे वजह रहल कि वर्तमान सत्र में 1.15 लाख नया लइके दाखिला लिहलें। जबकि, सरकार के ओर से जिला के 68,108 नयका लइकन के नामांकन के लक्ष्य मिलल रहे।
सत्र 2021-22 में जिला के 2514 परिषदीय स्कूलन में 3.15 लाख लइकन के एडमिशन रहल। नया सत्र में नामांकन करावे खातिर पिछले दिन अभियान चलावल गइल। अब ले के जौन तस्वीर सामने आइल बा, उ सत्र 2022-23 में 1.15 लाख से बढ़ के चार लाख के आंकड़ा के पार कs गइल बा। अंग्रेजी माध्यम के रूप में भी 300 परिषदीय स्कूलन के संचालन कइल जा रहल बा।
बीएसए आरके सिंह कहलें कि परिषदीय स्कूलन में सत्र 2022-23 में शासन के ओर से दिहल गइल नयका नामांकन के सापेक्ष तकरीबन दोगुना प्रवेश करावल गइल बा। नामांकित बच्चन के शासन के ओर से यूनिफार्म, कॉपी, किताब आदि भी मुहैया करावल जाई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]