[the_ad_group id="30365"]

गोपालगंज में सड़क किनारे जुवक के शव बरामद: घर से तीन लाख रुपिया लेके निकलल रहे जुवक, परिजनन के मिलल मौत के सूचना; पईसा गायब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज के गोपालपुर थाना क्षेत्र के राजापुर ग़ांव के लगे हत्या क के फेकल जुवक के शव पुलिस बरामद कइलस। बरामद शव के पुलिस अपना कब्जा में लेके सदर अस्पताल में पोस्टमार्टम करा के शव परिजनन के सउप देले बिया। मृतक के पहचान गोपालपुर थाना क्षेत्र के लाक्षपुर ग़ांव निवासी मजिस्टर चौहान के बेटा राजू चौहान के रूप में कइलगइल। फिलहाल पुलिस पूरा ममिला के जांच में जुट गइल बिया।

दरअसल घटना के संदर्भ में बतावल जात बा कि मृतक एक कट्ठा जमीन लिखवावे खातिर तीन लाख रुपिया लेके अपना पड़ोसी के संगे बियफे के सबेरे बाइक प सवार होके घर से निकलल रहे। एही बीच दुपहरिया में ग्रामीणन द्वारा ओकर शव राजापुर के लगे पड़ल देख के पहचान कइल लो आ एकर सूचना तत्काल ओकरा परिजनन के दिहल लो। सूचना पाके परिजन लो शव के उठाके अस्पताल पहुंचल लो जहां डॉक्टर द्वारा मृत घोषित क दिहल गइल।

परिजन लोग बतावल कि ओकरा लगे राखल तीन लाख रुपिया गायब बा आ जेकरा संगे ऊ पईसा लेके गइल रहे ओकरो कवनो पता नइखे चल रहल। परिजन लोग आशंका जाहिर कइले बा, कि ओकर हत्या क के शव को सड़क किनारे फेक दिहल गइल बा। बतावल जात बा कि मृतक़ दुबई में रहके कारपेंटर के काम करता रहे। 20 दिन पहिलही ऊ अपना घरे आइल रहे। दो भाइयन में छोट रहे। फिलहाल ओकरा मौत के बाद परिजनन के रो रो के बुरा हाल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]