[the_ad_group id="30365"]

भोजपुरी गायक के इलेक्ट्रॉनिक आ मोबाइल दुकान में भीषण आग लागल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रितम सिंह, खबर भोजपुरी, मशरक सारण:- आगलगी मेंं लगभग दस लाख से बेसी के संपत्ति जलके राख हो गइल। मशरक थाना क्षेत्र के स्टेशन रोड़ अवस्थित सोनू टेलकम आ इलेक्ट्रॉनिक उपकरण के दुकान में बियफे के मध्य रात्रि में बिजली के शार्ट सर्किट से भीषण आग लागल जेमे दुकान में राखल सारा सामान जरके राख हो गइल। दुकानदार चरिहारा गांव निवासी भोजपुरी गायक मनीष मसरखिया पिता अखिलेश सिंह बतावल जात बा।

घटना के संबंध में रात्रि गश्ती चौकीदार बतवलें कि ऊ बाजार क्षेत्र में गश्त लगावत रहलें कि स्टेशन रोड मोबाईल दुकान में धुआ उठता देख अगल बगल के लोगन के जगवले बाकिर केहूओ जबाब ना देलस। मवका प थाना पुलिस के फोन क के सुचना  देले। मवका प पहुंचल थानाध्यक्ष रितेश कुमार मिश्रा दल बल के संगे पहुंच मशरक आ पानापुर के फायर ब्रिगेड के गाड़ी के बुलाके कड़ा मशक्कत से आग प काबू पावल गइल तब तक आग दुकान के अंदर राखल सारा समान के ज राख जराके राख क देले रहे।

बिजली के शार्ट सर्किट से अगलगी

घटना के संबंध में दुकानदार मनीष मसरखिया बतवलें कि ऊ दुकान बंद क के घरे चल गइल रहस गइल रहस। ओहिजा रात में थानाध्यक्ष मशरक के द्वारा फोन क के बतावल गइल कि दुकान में आग लागल बा। मवका प पहुंच दुकान के शटर खोल के देखल गइल त आग से सारा समान जरके राख हो गइल रहे। दुकान के रेक काउंटर, बैट्री इनवंटर, नया आ पुरान सईयन मोबाईल, इलेक्ट्रॉनिक उपकरण जरके राख हो गइल। जवन लगभग दस लाख रुपिया तक के बा।

थानाध्यक्ष रितेश कुमार मिश्रा बतवलें कि रात्री गश्ती चौकीदार के माध्यम से सुचना मिलल कि दुकान में आग लागल बा त मवका प पहुंचके देखल गइल आ फायर ब्रिगेड के गाड़ी बुला के आग प कड़ा मशक्कत के बाद काबू पावल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]