[the_ad_group id="30365"]

गोपालगंज से लगातार दूसरका बेर सांसद बनलें आलोक सुमन; 1,27,180 वोटन से वीआईपी के प्रेमनाथ चंचल के हरवलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज लोकसभा सीट से जनता दल यूनाइटेड के आलोक सुमन चुनाव जीत गइल बाड़ें। कुल 24 राउंड तक चलल मतगणना के बाद जिला निर्वाचन पदाधिकारी मोहम्मद मकसूद आलम ने डॉ. आलोक कुमार सुमन के सर्टिफिकेट देलें। ई उनकर लगातार दूसरका जीत हs।

अबकी बेर उनका कुल 5 लाख 11 हजार 886 मत मिलल। ओहिजा, उनकर प्रतिद्वंदी रहल प्रेम नाथ चंचल के तीन लाख 84 हजार 686 मत मिलल। 1 लाख 27 हजार 180 मत से जदयू के डॉ. आलोक कुमार सुमन विजयी भइलें।

मालूम होखे कि गोपालगंज लोकसभा सीट खातिर मतन के गिनती थावे इस्थित टीचर ट्रेनिंग कॉलेज सह डायट में कड़ा सुरक्षा बेवस्था के बीच मंगर के सबेरे आठ बजे सुरू भइल रहे। हर विधानसभा खातिर 14 टेबल बनावल गइल रहे। एह सीट खातिर मुख्य रूप से एनडीए के डॉ. आलोक कुमार सुमन आ महागठबंधन से प्रेमनाथ चंचल के बीच में मुकाबला रहे।

मतगणना के सुरुआत से आलोक कुमार सुमन के मिलल बढ़त अंत ले बरकरार रहल। एह जीत से एनडीए समर्थकन में भारी उत्साह देखे के मिलल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]