[the_ad_group id="30365"]

Good News: पेट्रोल-डीजल आ गैस हो सकेला सस्ता, केंद्रीय मंत्री हरदीप सिंह पुरी दिहले इs अहम जानकारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बहुत दिन से आम लोग पेट्रोल, डीजल अवुरी गैस के दाम कम होखे के इंतजार करत रहले। अब ओह सब खातिर एगो बढ़िया खबर बा. आवे वाला समय में पेट्रोल, डीजल अवुरी गैस के दाम कम हो सकता।  दरअसल केंद्रीय पेट्रोलियम आ प्राकृतिक गैस मंत्री हरदीप सिंह पुरी कहले बाड़न कि अमेरिका समेत वैश्विक बाजार में तेल उत्पादन बढ़ावे के तइयारी के चलते ईंधन के दाम में कमी आवे के संभावना बा जवना से महंगाई पs नियंत्रण राखे में मदद मिली. एगो प्रेस कांफ्रेंस के संबोधित करत पेट्रोलियम मंत्री कहले कि, अमेरिका में उs (ट्रंप) कहले कि, “ड्रिल, बेबी, ड्रिल।”  जवन कि अधिका ड्रिलिंग करे आ अधिका तेल निकाले के संकेत बा.  “उs आधिकारिक तौर पs कहले बाड़े कि उs अंतरराष्ट्रीय तेल के दाम कम कईल चाहतारे।” 

एहसे दाम कम हो जाई

पुरी कहले कि,हमरा लागता कि वैश्विक ऊर्जा के स्थिति में सुधार होई।  बाजार में अउरी तेल आ गैस आई आ उमेद कइल जा रहल बा कि एहसे दाम घटावे में मदद मिली.  जब ऊर्जा कम दाम पs पर्याप्त मात्रा में उपलब्ध होखेला तs इs महंगाई के नियंत्रित करे में भी मदद करेला।” उs साफ कईले कि भारत के प्राथमिक उद्देश्य ‘कम दाम पs’ एतना तेल खरीदल बा, जवना से महंगाई पs नियंत्रण हो सके।

व्यापार खाली डॉलर में होई 


संगही, उs कहले कि तेल खरीद में डॉलर के इस्तेमाल खतम करे के इरादा कबहूँ ना रहे। उs एह बात पs जोर देले कि ‘अधिकांश लेनदेन डॉलर में होखेला अवुरी हमेशा डॉलर में भईल बा।’  उs कहले कि ऊर्जा के मोर्चा पs भारत-अमेरिका के संबंध मजबूत होई। उनुका मुताबिक भारत अर्जेंटीना समेत 40 देश से तेल आयात करेला अवुरी चूंकि दुनिया में तेल पर्याप्त बा एहसे तेल उत्पादक देश जवन कि कटौती करतारे, उहो अपना फैसला पs फेर से विचार करे पs मजबूर होईहे। 


इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]