[the_ad_group id="30365"]

Good News: एमएमएमयूटी के छात्र पढ़िहें 5जी कोर्स, IIT मुंबई से भइल एमओयू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

एमएमएमयूटी के कुलपति प्रो. जेपी पाण्डेय कहले कि शैक्षणिक परिषद के बैठक में आईआईटी मुंबई के सहयोग से नयका सत्र से 5जी कोर्स अवुरी स्पोकन ट्यूटोरियल कोर्स करावे के फैसला भईल बा। 5जी कोर्स के संचालन इलेक्ट्रॉनिक्स अवुरी कम्युनिकेशन विभाग के ओर से कईल जाई।

मदन मोहन मालवीय यूनिवर्सिटी ऑफ टेक्नोलॉजी में 2023-24 के नया शैक्षणिक सत्र से छात्र आईआईटी मुंबई के 5जी अवुरी स्पोकन ट्यूटोरियल कोर्स के पढ़ाई क सकेले। मंगल के दिने भइल विद्या परिषद के बइठक में एह दुनु कोर्स के संचालन के मंजूरी मिल गइल बा। विभाग एह कोर्सन के संचालन के तइयारी शुरू क दिहले बा।

5जी कोर्स के संचालन नया सत्र से इलेक्ट्रॉनिक्स आ संचार विभाग के ओर से कईल जाई। इ कुल 4 क्रेडिट के कोर्स होई। माने कि कुल एक सेमेस्टर के एकर पढ़ाई होई। नया पाठ्यक्रम के मुताबिक बीटेक चउथा सेमेस्टर के छात्र एकर पढ़ाई क सकेले। एह कोर्स के शुरू करे के अभ्यास शुरू हो चुकल रहे।

एकरा अलावे आईआईटी मुंबई के स्पोकन ट्यूटोरियल कोर्स एह सत्र से शुरू होई। दुनो संस्थान ए कोर्स खातीर एमओयू पs हस्ताक्षर क चुकल बाड़े। एकरा तहत आईआईटी मुंबई के कुल 40 कोर्स के ऑफर दिहल गईल बा। विभाग के मुताबिक, छात्र के ओ विषय में से कवनो एक विषय के चुने के होई। ई एगो मूल्य वर्धित कोर्स होखी। एह कोर्स खातिर एमएमएमयूटी आ आईआईटी मुंबई दुनु संयुक्त प्रमाणपत्र जारी करीहें। विद्यार्थी एकर ऑनलाइन अध्ययन कर सकेलें।

दोसरा विभाग के शिक्षक मार्गदर्शक बन सकेलें

अब दोसरा विभागन के प्रोफेसरो प्रबंधन विभाग (एमबीए) में पीएचडी कोर्स करावे खातिर गाइड बन सकेलें। विश्वविद्यालय प्रशासन के मुताबिक प्रबंधन विभाग में कवनो प्रोफेसर नईखन। एकरा चलते इहाँ पीएचडी करावे में तकनीकी दिक्कत भईल। एकरा के ध्यान में राखत इ फैसला लिहल गईल बा।

एमएमएमयूटी के कुलपति प्रो. जेपी पाण्डेय कहले कि शैक्षणिक परिषद के बैठक में आईआईटी मुंबई के सहयोग से नयका सत्र से 5जी कोर्स अवुरी स्पोकन ट्यूटोरियल कोर्स करावे के फैसला भईल बा। 5जी कोर्स के संचालन इलेक्ट्रॉनिक्स अवुरी संचार विभाग के ओर से कईल जाई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]