[the_ad_group id="30365"]

पटना यूनिवर्सिटी में 17 जुलाई तक आवेदन: पीएचडी में दाखिला खातिर पीजी के नंबरन पs वेटेज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना विश्वविद्यालय में पीएचडी में नामांकन खातिर विषयवार सीटन के संख्या जारी कs दिहल गइल बा। संगही नामांकन संबंधी गाइडलाइनो जारी कइल गइल बा। कुल 28 स्नातकोत्तर (पीजी) विषयन में 505 सीटन पs पीएचडी में नामांकन होई। पीजी में मिलल अंकन पs वेटेज दिहल जाई। पीएचडी एंट्रेंस टेस्ट (पैट) आ नेट-जेआरएफ पास छात्र-छात्रा नामांकन खातिर  ऑनलाइन आवेदन कs सकत बा लो। 17 जुलाई तक ऑनलाइन आवेदन के अंतिम तिथि बा। आवेदन के एक हफ्ता के भीतर सब विभागन के साक्षात्कार के आयोजन करावे के निरदेस दिहल गइल बा।

17 अगस्त से कोर्स वर्क

सब चीजन के वेटेज मिलवला के बाद, जवन मेरिट लिस्ट जारी होई, ओमे हर कैटेगरी में दु से तीन छात्र-छात्रा वेटिंग में रखल जाई लो। उक्त तिथि के जदि संबंधित छात्र भा छात्रा जेकर चयन कइल गइल बा आ ऊ उपस्थित नइखे हो पावत तs वेटिंग लिस्ट वाला छात्र-छात्रा लोगन के मवका दिहल जाई। फाइनल सेलेक्शन लिस्ट के विवि के वेबसाइट पसे हर विभाग के जारी करे के निरदेस दिहल गइल बा। चयन के बाद छात्रन के छव महीना के कोर्स वर्क खातिर पहिले 2000 रुपिया जमा करावे के होई। 17 अगस्त से प्रोविजनली सेलेक्टेड छात्र-छात्रा लोगन के  कोर्स वर्क सुरू होई।

विषय आउर सीट 

  • भूगोल-16
  • इतिहास-04
  • अर्थशास्त्र-18
  • मनोविज्ञान-09
  • समाजशास्त्र-13
  • प्राचीन इतिहास-06
  • राजनीतिशास्त्र-26
  • गृह विज्ञान-16
  • पीएमआईआर-06
  • अरबी- 03
  • संस्कृत-16
  • उर्दू-23
  • सांख्यिकी-10
  • कानून-16
  • मैथिली-01
  • हिंदी-13
  • फारसी-15
  • अंग्रेजी-40
  • संगीत-07
  • दर्शनशास्त्र-30
  • कॉमर्स-09
  • वनस्पति विज्ञान-40
  • रसायन शास्त्र-77
  • भूगर्भशास्त्र-28
  • भौतिकी-45
  • गणित-28
  • प्राणी विज्ञान-32
  • शिक्षा-17

चयन खातिर कवना चीज पs केतना वेटेज

         पीजी में अंक       वेटेज

  • 50 से 55%   40 प्वाइंट
  • 55 से 60%   45 प्वाइंट
  • 60 से 65%   50 प्वाइंट
  • 65 से 70%   55 प्वाइंट
  • 70 से 75%   60 प्वाइंट
  • 75 से 80%   65 प्वाइंट
  • 80 से 100% 70 प्वाइंट
  • एलिजिबिलिटी (पैट-नेट-जेआरएफ) (बिना फेलोशिप)  5 प्वाइंट
  • एलिजिबिलिटी (फेलोशिप के संगे)  10 प्वाइंट
  • साक्षात्कार  20 प्वाइंट
  • कुल 100 प्वाइंट

नोट: शिक्षक आ शिक्षकेतर कर्मियन खातिर (तीन बरिस के अनुभव) के जेआरएफ के सामान 10 प्वाइंट। 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]