[the_ad_group id="30365"]

छपरा के रेल यात्रियन खातिर अच्छा खबर: छपरा कचहरी-गोमती नगर एक्सप्रेस के अतिरिक्त ठहराव, रामकोला स्टेशन पs दु मिनट रुकी गाड़ी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेलवे विभाग द्वारा यात्रियन के सुविधा खातिर लगातार प्रयास कइल जा रहल बा। छपरा से चले वाली छपरा कचहरी गोमती नगर एक्सप्रेस के अतिरिक्त ठहराव दिहल गइल बा। एसे यात्रियन के सहूलियत प्रदान हो सकी।

रेल प्रशासन द्वारा यात्री जनता के सुविधा खातिर ट्रेन संख्या 15113 गोमती नगर-छपरा कचहरी एक्सप्रेस के रामकोला स्टेशन पs 01 अक्टूबर, 2023 से अगिला सूचना तक प्रायोगिक आधार पs दु मिनट के ठहराव प्रदान कइल गइल बा।

  • गोमती नगर से 30 सितंबर से चले वाली 15113 गोमती नगर-छपरा कचहरी एक्सप्रेस रामकोला स्टेशन पs 04.00 बजे पहुंचके 4.02 बजे प्रस्थान करी। एकरा ठहराव से छपरा के यात्रियन के विशेष लाभ मिली।
  • छपरा कचहरी गोमती नगर एक्सप्रेस छपरा के लखनऊ के यात्रियन खातिर प्रमुख ट्रेन बा। ई छपरा कचहरी मशरक, कप्तानगंज के रास्ते गोरखपुर होत लखनऊ पहुंचेला। सारण जिला सहित गोपालगंज जिला के यात्रियन खातिर लखनऊ रूट के सबसे सहूलियत प्रदान करे वाली ट्रेन बा। एह ट्रेन से सारण के उत्तरी क्षेत्र सहित गोपालगंज के हजारन यात्री यात्रा करेला लो।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]