[the_ad_group id="30365"]

सीवान में गंडक नहर में मिलल 8 फीट लमहर मगरमच्छ: बड़ पोंछ देख लोग सोचल बड़ मछरी होई, पानी के जाल में लपेट लिहल… उड़ल होश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान में गंडक नहर में 8 फीट लमहर मगरमच्छ मिलल बा। मगरमच्छ के देखे खातिर लोगन के भीड़ उमड़ पड़ल। मैरवा थाना क्षेत्र के फरछुआ गांव में गंडक नहर के फाटक के लगे नहर में कुछ मछुआरा लोग मगरमच्छ देखल।

स्थानीय मछुआरन में ई भय सतावे लागल कि मगरमच्छ जदि कवनो तालाब भा पोखर में चल जाता तs सब मछरियन के खा जाई। फरछुआ गांव के बड़ी गंडक नहर में मछुआरा मछरी मारत रहे लो। तबे नहर फाटक के लगे पानी में मगरमच्छ मछरी लेखा देखाई देलस। एकर खाली पोंछ देखाई देत रहे। मछुआरन के लागल कि ई कवनो बड़ मछरी होई। झरही नदी से भटक के नहर में आ गइल बिया।

मछरी कही भाग ना जाव एकरा के लेके एगो मछुआरा जाल फेंकलस, जाल फेंकला के बाद जाल भारी हो गइल। मछुआरन के लागल कि कवनो बड़ मछरी फंस गइल। सब मिलके धीरे-धीरे जाल घींचे लागल, जाल बाहर आवतही मगरमच्छ देख मछुआरन के होश उड़ गइल। मछुआरा लोग देखल की जाल में मगरमच्छ फंसल बा। मगरमच्छ छटपटात जाल के फाड़ बाहर निकले लागल।

मछुआरा लोग जाल के निमन से बांध देलस। ई सूचना गंडक विभाग आ वन विभाग के टीम के दिहल गइल। गंडक आ वन विभाग के टीम मगरमच्छ के लेके अपना संगे चलल गइल। साल 2023 में सिवान जिला में मगरमच्छ मिले के ई पहिला मामला प्रकाश में आइल बा। आशंका जाहिर कइल जा रहल बा कि कवनो नदी से ई मगरमच्छ भटक के नहर में आ गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]