[the_ad_group id="30365"]

गोलघर इंदिरा बाल विहार: मॉडल फूड स्ट्रीट में जायका के आनंद अब मिली जल्दीए,1.83 करोड़ रुपिया आइ खर्च

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

जल्दिए गोलघर के इंदिरा बाल विहार के मॉडल फूड स्ट्रीट के रूप में विकसित कईल जाई। एकरा संगे इंदिरा गांधी तिराहे से एसएसपी आवास ले ए सड़क के नो व्हीकल जोन घोषित कईल जाई। पूरा सड़क के आकर्षक रोशनी से सजावल जाई अवुरी दुनो ओर हरियाली होई। नगर निगम राज्य स्मार्ट सिटी परियोजना के तहत 1.83 करोड़ रुपिया के प्रस्ताव सरकार के भेजले बा। सरकार से ग्रीन सिग्नल मिलते योजना के ठोस आकार दिहल जाई।

प्रस्ताव के मुताबिक इंदिरा बाल विहार के आसपास विक्रेता के भी आयोजन कईल जाई। एकरा खातिर इहाँ उपलब्ध खाना आ सड़क पs बेचे वाला लोग के जानकारी भी एकट्ठा कइल गइल बा। वेंडिंग खातिर जगह उपलब्ध करावे के संभावना के भी खोज कईल गईल बा। मुख्य अभियंता संजय चौहान बतवले कि बलुआ पत्थर के 30 बोलार्ड, 10 वेंडिंग कियॉस्क अवुरी 400 वर्ग मीटर ले के केनोपी बनावल जाई।

एही तरे 20 बेंच, 10 सेट स्ट्रीट फर्नीचर के संगे पत्थर के टेबल लगावल जाई। 300 वर्ग मीटर में पक्का सड़क अवुरी 500 वर्ग मीटर में फुटपाथ बनावल जाई। एकरा अलावे 2000 वर्ग मीटर में पत्थर के फर्श बनावल जाई। 30 गो लैंप पोस्ट लगावे के संगे इहाँ अलग-अलग प्रकार के पौधा लगा के ग्रीन बेल्ट भी विकसित कईल जाई। नगर आयुक्त गौरव सिंह सोगरवाल जल्दिये गोलघर में फूड स्ट्रीट के सुविधा उपलब्ध करावे के बात बतवले। इहाँ गाड़ी के आवाजाही पs रोक लगावल जाई। इ प्रस्ताव सरकार के भेज दिहल गईल बा।

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]