Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ओडिशा के 100 से अधिका गांव में हाथी कुल के आंतक, गुस्साइल गांव के लोग पीठ पs लगा दिहले आग

138

 

 

आजुकाल्ह ओडिशा के मयूरभंज जिला के करंजिया बनखंड में हाथी उत्पात मचवले बाड़े। बतावल जाता कि पछिला कुछ दिन से करंजिया बनखंड के 100 से जादे गांव में हाथी आतंक पैदा कईले बाड़े। बतावल जाता कि पछिला 26 दिन में करंजिया बनखंड में हाथी करीब 35 ऊँचा घर के गिरा देले बाड़े।

हाथी के झुंड पs आग से हमला

बतावल जाता कि शुक्रवार के देर रात हाथी के चलते शुक्रीली ब्लॉक के अलग-अलग हिस्सा में घर गिरल अवुरी व्यापक नुकसान के जानकारी वन विभाग के मिलल बा। करंजिया रेंज के तहत शुक्रीली ब्लॉक में अलग-अलग जगह पs 22 हाथी बाड़े। हाथी के झुंड पs एगो आदमी हाथी के भगावे खातीर पीठ पs मशाल लगा के हमला करता। एह दौरान हाथी के पीठ पs भी आग लाग जाला। एह पूरा घटना के वीडियो भी वायरल हो रहल बा। हाथी के पीठ पs आग लागे के बाद ओकर पीठ धीरे-धीरे जरत देखाई देलस।

वन विभाग कड़ा कार्रवाई के बारे में कहलस

इ लोग हाथी पs आग से हमला करत रहले लेकिन उहाँ मौजूद बाकी लोग बस देखत रहले। हालांकि केंद्र अवुरी राज्य सरकार के कड़ा नियम के बावजूद इहाँ हाथी के प्रताड़ित कईल जाता। हालांकि आग से हमला के बाद घाही हाथी के हालत के बारे में कवनो जानकारी नईखे। हमनी के ए घटना के संबंध में वन विभाग के कर्मचारी से संपर्क कईनी। करंजिया डीएफओ कहले कि हम घटना के जांच करतानी। अगर हमनी के इलाका में मिलल त कानून के मुताबिक कार्रवाई होई। जरूरत पड़ला पs आग लगावे वाला के भी गिरफ्तार कs लिहल जाई। वायरल वीडियो पs उ कहले कि इ कवना इलाका के ह, अभी तक एकर पुष्टि नईखे भईल। हम जांच शुरू क देले बानी, लेकिन उ झारखंड चाहे ओडिशा हो सकता।

 

 

 

610710cookie-checkओडिशा के 100 से अधिका गांव में हाथी कुल के आंतक, गुस्साइल गांव के लोग पीठ पs लगा दिहले आग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.