गोवा में बड़ एक्शन के मूड में कांग्रेस, माइकल लोबो आ दिगंबर कामत के जाई विधायकी

Share

गोवा कांग्रेस में पलायन के कोशिश सामने अइला का बाद पार्टी के रुख कड़ा हो गइल बा। दुनो विधायकन के खिलाफ पार्टी विरोधी गतिविधि में लिप्त होखे के आरोप में कांग्रेस सभापति के सोझा याचिका दाखिल कईले बिया। ई दुनो विधायक गोवा कांग्रेस के वरिष्ठ नेता माइकल लोबो आ दिगम्बर कामत हs लो। ध्यान देवे वाला बात बा कि पार्टी माइकल लोबो के नेता प्रतिपक्ष के पद से हटा चुकल बिया आ दिगम्बर कामत पs कार्रवाई हो चुकल बा। ओने, कांग्रेस नेता मल्लिकार्जुन खडगे आरोप लगवले बाड़े कि भाजपा उनका विधायकन के किने के कोशिश करतिया। उ कहले कि राष्ट्रपति चुनाव में भाजपा के लगे एतना वोट नईखे, एहसे उ अइसन करत बिया। उ कहले कि भाजपा इ काम कर्नाटक आ मध्य प्रदेश में पहिलही कs चुकल बिया।

विधानसभा में याचिका दिहल गइल

ओने विधायकन के अयोग्य करावे खातिर गोवा विधान सभा में सभापति रमेश तेवादकर के सोझा याचिका दायर कइल गइल बा। राज्य कांग्रेस कमेटी के अध्यक्ष अमित पाटकर एह बारे में जानकारी देले। उ कहले कि हमनी के अपना दुगो वरिष्ठ नेता के खिलाफ अयोग्यता याचिका दाखिल करे जा रहल बानी। अमित पाटकर कहले कि एह ममिला में सुप्रीम कोर्ट के एगो फैसलो बा, जवना में कहल गईल बा कि पार्टी के खिलाफ कवनो गतिविधि में लिप्त होखला पs सदस्य के सदस्यता समाप्त कईल जा सकता।

मुकुल वासनिक गोवा पहुँचल बाड़े

गोवा में कांग्रेस के कुल 11 गो विधायक बा लो। एहमें से माइकल लोबो, दिगम्बर कामत, केदार नायक, राजेश फाल्देसाई आ दिलियाला लोबो से संपर्क ना कइल जा सकल बा। एकरा बाद पार्टी में पलायन के अफवाह तेज हो गईल बा। कांग्रेस के गोवा प्रभारी दिनेश गुंडू राव कहले कि लोबो आ कामत पार्टी विरोधी गतिविधियन में शामिल बाड़े। इ लोग भाजपा के संगे गठबंधन करे के साजिश रचत रहले। ओहिजा देर रात इहो जानकारी सामने आइल कि हालात के देखत सोनिया गांधी सांसद मुकुल वासनिक के इहां भेजले बाड़ी।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-