आबे के जवना चुनाव प्रचार के दौरान गोली मारल गईल… ओमे पार्टी के भारी जीत, 2025 तक PM बनल रहिहें किशिदा

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 11, 2022

अतवार का दिने भइल संसदीय चुनाव में जापान के सत्ताधारी दल आ ओकर गठबंधन के साझीदार के भारी जीत मिलल बा। 248 सदस्यीय सदन में लिबरल डेमोक्रेटिक पार्टी आ ओकर सहयोगी कोमैतो के 146 सीट

Share

अतवार का दिने भइल संसदीय चुनाव में जापान के सत्ताधारी दल आ ओकर गठबंधन के साझीदार के भारी जीत मिलल बा। 248 सदस्यीय सदन में लिबरल डेमोक्रेटिक पार्टी आ ओकर सहयोगी कोमैतो के 146 सीट मिलल जवन बहुमत के आंकड़ा से बहुते अधिका बा। एह जीत से साफ हो गइल कि प्रधानमंत्री फुमियो किशिदा 2025 ले अपना पद पर रहिहें आ राष्ट्रीय सुरक्षा आ दीर्घकालिक नीतियन पs काम करत रहिहें।

किशिदा संसद के उच्च सदन के चुनाव में अपना भारी जीत खातिर सभका के धन्यवाद दिहलन बाकिर एह दौरान ऊ असंतोषजनक लउकलन। आबे के हत्या से उबरे आ पार्टी के एकजुट राखे के बड़ जिम्मेदारी उनका पs बा। उ कहले कि पार्टी के एकता बाकी चीज़ से जादे जरूरी बा। कोविड-19 से निपटल, रूस के यूक्रेन पर आक्रमण आ बढ़त दाम से जुड़ल मुद्दा उनकर प्राथमिकता बा। संगही उ संविधान में सुधार के दिशा में तेजी से काम करे के बात कहले।

देश के हिंसा से बचावे पs नेता लो के बा जोर

आबे के हत्या आ ओकरा बाद के चुनावी नतीजा के नया मतलब बा। देश के तमाम नेता अभिव्यक्ति के आजादी आ लोकतंत्र के हिंसा से बचावे के जरूरत पs जोर देले बाड़े। किशिदा कहले कि हमनी के चुनाव जीतनी सs, एकर माने बहुत बा। लोकतंत्र के बचावे खातिर हमनी के प्रयास जारी रही।

भाषण के दौरान आबेब के मार दिहल गईल रहे गोली

जापान के सबसे प्रभावशाली नेता में से एगो आबे के बियफे का दिने चुनावी रैली के दौरान भाषण देत घरी गोली मार के हत्या कर दिहल गइल।  दुनिया के सबसे सुरक्षित देशन में गिनल जाए वाला जापान के एह घटना से लोग चौंक गईले, जापान में बंदूक नियंत्रण के कड़ा कानून बा। देश के पश्चिमी हिस्सा के नारा में भाषण शुरू कईला के कुछ मिनट बाद हमलावर आबे पs गोली चला देलस। आबे के हवाई जहाज से अस्पताल ले जाइल गइल, बाकिर उनकरसांस ना चलत रहे आ उनकर हृदय गति तब तक रुक चुकल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.