[the_ad_group id="30365"]

गोवा : गोवा कांग्रेस के 5 विधायक ‘लापता’, माइकल लोबो नेता प्रतिपक्ष के पद से हटावल गइले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र के राजनीतिक आग अबहीं ठीक से नइखे बुझाइल कि गोवा में विद्रोह के चिंगारी भड़क गइल बा. गोवा कांग्रेस में बवाल मचल बा. राज्य कांग्रेस के 11 विधायक में से 5 विधायक पार्टी के संपर्क में नईखन अवुरी उनुका के ‘लापता’ बतावल जाता। विधायकन के पक्ष बदले के चरचा का बाद कांग्रेस हाई कमान एक्शन मोड में बा. मुकुल वसनिक के पणजी भेज दिहल गइल बा. एकरा संगे-संगे पार्टी माइकल लोबो के नेता प्रतिपक्ष के पद से हटा देले बिया।

माइकल लोबो पर आरोप, नेता विपक्ष के पद से हटा दिहल गइल
गोवा कांग्रेस में बंटवारा के खबर का बीच माइकल लोबो आ पूर्व मुख्यमंत्री दिगम्बर कामत पर भाजपा का साथे गठबंधन बना के पार्टी का खिलाफ साजिश रचे के आरोप लागल बा. आधी रात गोवा कांग्रेस भवन में विधानमंडल दल के बइठक भइल. जवना का बाद माइकल लोबो के नेता विपक्ष के पद से हटा दिहल गइल बा.

गोवा कांग्रेस के प्रभारी दिनेश गुंडू राव कहले कि, पार्टी के पांच विधायक – माइकल लोबो, दिगम्बर कामत, केदार नाईक, राजेश फाल्देसाई अवुरी डेलियाला लोबो से संपर्क ना कईल जा सकल।”
एकरा संगे-संगे प्रेस कॉन्फ्रेंस में कांग्रेस के 5 अवुरी विधायक – एल्टन डी कोस्टा, संकल्प अमोनकर, यूरी अलेमाओ, कार्लोस अल्वारेज़ फेरेरा, रुडोल्फ फर्नांडीज मौजूद रहले।

आजु विधायिका दल के नया नेता चुनल जाई

गोवा प्रदेश कांग्रेस कमेटी के अध्यक्ष अमित पाटकर कहलन कि सोमार का दिने कांग्रेस विधानमंडल पार्टी के नयका नेता बनावल जाई. उ बतवले कि मामला के गंभीरता के देखत विधायिका दल के बैठक बोलावल गईल। एह बइठक में विधायिका दल के नेता बदले के प्रस्ताव पारित हो गइल बा.

हाईकमान मुकुल वसनिक के गोवा भेज दिहलस

पार्टी में विद्रोह के खबर मिलला के बाद सोनिया गांधी पार्टी के वरिष्ठ नेता मुकुल वास्निक से राज्य के ताज़ा राजनीतिक घटनाक्रम प नजर राखे खाती गोवा जाए के कहले बाड़ी। अखिल भारतीय कांग्रेस कमेटी के महासचिव केसी वेणुगोपाल अतवार के देर रात ट्वीट क के ई जानकारी दिहले बाड़न.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]