[the_ad_group id="30365"]

सारण: मांझी में अपना किसान पार्टी के बैठक भइल आयोजित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मांझी (सारण)। धमेंद्र कुमार सिंह: प्रखंड क्षेत्र के घोरहट पंचायत इस्थित कामेश्वर प्रसाद सिंह उर्फ राजा जी के आवास पs हरेंद्र महतो के अध्यक्षता में बैठक सम्पन्न भइल। बैठक में अपना किसान पार्टी के नीति आ सिद्धांतन पs चर्चा कइल गइल। पार्टी के मुख्य एजेंडा भारतीय राष्ट्रीय नीति बनावल,  राष्ट्रीय जल प्रबंधन नीति बनावल, फसल बीमा योजना आ तमाम किसानन खातिर नियम बनावे पs विस्तार से चर्चा कइल गइल।

बैठक में पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष जयलाल प्रसाद सिंह कुशवाहा कहले कि हमनी के पार्टी फरेबियन के चुनाव ना  लड़ाई बलुक खेत मे काम करे वालन के चुनाव लड़ाई। किसानन के बीच मे रहे वाला चुनाव लड़ी। काहेकि अभी तक किसान के नाम पs सब पार्टी खाली वोट लेवत आ रहल बाड़ी सs। बाकिर केशर के खेती करेवाला किसान  आत्महत्या करत बा, जदि अपना किसान पार्टी के सरकार बनत बा तs सबसे पहिले कृषि नीति कानून बनावल जाई। जल प्रबंधन के नीति बनावल जाई। फसल बीमा सब किसानन खातिर होई।

बैठक के पार्टी के राष्ट्रीय महासचिव योगेंद्र कुमार ठाकुर ,धर्मेंद्र सिंह कुशवाहा,सुरेंद्र सिंह ,भृगुनाथ तिवारी ,मुकेश सिंह, नरेन्द्र कुमार मिश्रा ,अनिल सिंह कुशवाहा, राजकिशोर कुशवाहा, रवि रंजन साह ,डॉ बीरेंद्र प्रसाद, नितिन कुमार कुशवाहा ,मुनचुन सिंह आदि वक्ता लोग सम्बोधित कइल। बैठक में बड़ संख्या में लोग शामिल भइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]