Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एक्के दिन में गो इंडिया के दू विमानन में खराबी, डीजीसीए शुरू कइलस जांच

225

देश में एयरलाइंस के दौरान गड़बड़ी के मामला रुके के नाम नईखे लेत। एक के बाद एक कई गो घटना के बाद मंगलवार के गो-एयर के दू गो विमान में गड़बड़ी के खबर सामने आइल बा।

डीजीसीए मंगल का दिने कहलसि कि मुंबई से लेह जात गोएयर के एगो फ्लाइट ए320 फ्लाइट नंबर जी8-386 के इंजन खराब होखला का बाद दिल्ली डायवर्ट कर दिहल गइल बा. बतावल जा रहल बा कि विमान के इंजन नंबर दू में खराबी आ गइल बा.

डीजीसीए के मुताबिक, गोएयर के एगो अवरू उड़ान नंबर जी8-6202, जवन कि श्रीनगर से दिल्ली जात रहे, ओकरा के इंजन नंबर दू के खराब होखला के बाद भी श्रीनगर वापस क दिहल गईल बा।

डीजीसीए के ओर से दिहल जानकारी में बतावल गईल बा कि हमनी के दुनो मामला के जांच करतानी। फिलहाल दुनो विमान के उड़ान प रोक लगा दिहल गईल बा। दुनो विमान डीजीसीए से मंजूरी मिलला के बाद ही उड़ान भर सकेले।

296770cookie-checkएक्के दिन में गो इंडिया के दू विमानन में खराबी, डीजीसीए शुरू कइलस जांच

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.