[the_ad_group id="30365"]

एक्के दिन में गो इंडिया के दू विमानन में खराबी, डीजीसीए शुरू कइलस जांच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश में एयरलाइंस के दौरान गड़बड़ी के मामला रुके के नाम नईखे लेत। एक के बाद एक कई गो घटना के बाद मंगलवार के गो-एयर के दू गो विमान में गड़बड़ी के खबर सामने आइल बा।

डीजीसीए मंगल का दिने कहलसि कि मुंबई से लेह जात गोएयर के एगो फ्लाइट ए320 फ्लाइट नंबर जी8-386 के इंजन खराब होखला का बाद दिल्ली डायवर्ट कर दिहल गइल बा. बतावल जा रहल बा कि विमान के इंजन नंबर दू में खराबी आ गइल बा.

डीजीसीए के मुताबिक, गोएयर के एगो अवरू उड़ान नंबर जी8-6202, जवन कि श्रीनगर से दिल्ली जात रहे, ओकरा के इंजन नंबर दू के खराब होखला के बाद भी श्रीनगर वापस क दिहल गईल बा।

डीजीसीए के ओर से दिहल जानकारी में बतावल गईल बा कि हमनी के दुनो मामला के जांच करतानी। फिलहाल दुनो विमान के उड़ान प रोक लगा दिहल गईल बा। दुनो विमान डीजीसीए से मंजूरी मिलला के बाद ही उड़ान भर सकेले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]