[the_ad_group id="30365"]

एक लाख के इनामी विष्णु मिश्र गिरफ्तार: दू साल से चलत रहल फरार, बहन बोलली- हमरे भाई के जान के खतरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पूर्व विधायक विजय मिश्र के फरार चल रहल बेटा विष्णु मिश्र आखिरकार वाराणसी एसटीएफ के गिरफ्त में आ ही गइल। ऊ सामूहिक दुष्कर्म अउरी रिश्तेदार के संपत्ति हड़पले सहित कई मामला में आरोपी बा अउरी करीब दू साल से फरार चलत रहल। विष्णु मिश्र विदेश न भागे पावे एहलिए लुकआउट नोटिसो जारी कइल गइल रहे।

विष्णु के बहन रीमा पांडेय मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के पत्र भेजके अपने भाई के जान के खतरा बतवले बाडी। उल्लेखनीय बा कि पूर्व विधायक विजय मिश्र के रिश्तेदार गोपीगंज कोतवाली क्षेत्र कौलापुर निवासी कृष्णमोहन तिवारी गोपीगंज थाने में तहरीर दे के विजय मिश्र, उनकी पत्नी अउरी तत्कालीन एमएलसी रामलली मिश्रा अउरी विजय मिश्र के पुत्र विष्णु मिश्र के खिलाफ मुकदमा दर्ज करवले रहल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]