[the_ad_group id="30365"]

यूपी में बsढ़ी जेनेरिक दवाई के बाजार, सरकारी अस्पतालो में खुली जेनेरिक आधार के स्टोर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रदेश में जेनेरिक दवाई के बाजार बढ़ी। कई कंपनी इहां निवेश खातिर आगे आइल बानें सब। जेनेरिक आधार के मेडिकल स्टोर सरकारी अस्पतालों में भी खोलल जाई। ग्रामीण इलाका ले जेनेरिक दवाई पहुंचावे खातिर जल्दिए उत्तर प्रदेश सरकार अउर जेनेरिक आधार के बीच एमओयू होई। एके ले के अतवार के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से जेनेरिक आधार के संचालक अर्जुन देशपांडे मुलाकात कइलें।
अर्जुन देशपांडे बतवलें कि प्रदेश के सरकारी अस्पतालन में जेनेरिक आधार के जरिए मरीजन के सस्ता दर पर दवाई दीहल जा सकी। जेनेरिक आधार के करीब 1800 स्टोर चल रहल बा, उत्तर प्रदेश के कई जिला में 150 स्टोर बा।
मुख्यमंत्री से वार्ता के बाद एके बढ़ा के अब 700 तक करे के लक्ष्य रखल गइल बा। जहां ई जेनेरिक स्टोर होई, ओसे करीब पांच सौ मीटर दूरे दूसर स्टोर खोलल जाई। ऊ बतवलें कि महाराष्ट्र अउर आंध्र प्रदेश के सरकारी अस्पतालन में जेनेरिक आधार के मेडिकल स्टोर चल रहल बा। मरीजों को सस्ती दर पर दवाएं उपलब्ध कराई जा रही हैं।

TAGS:

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]