[the_ad_group id="30365"]

प्रधानमंत्री के सभा में घुसे वाला फर्जी सैनिक गिरफ्तार, ID कार्ड पs लिखल रहे- ‘दिल्ली पुलिस सुरक्षा PM’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी (PM Narendra Modi) के सभा स्थान पs फर्जी सैनिक बताके घुसला के ममिला में पुलिस एगो शख्स के गिरफ्तार कइले बिया। दरअसल, बियफे के पीएम मोदी के बांद्रा-कुर्ला कॉम्प्लेक्स (बीकेसी) पहुंचला से करीब 90 मिनट पहले नवी मुंबई के एक 35 साल के शख्स को मुंबई पुलिस गिरफ्तार कइलस।

आरोपी खुद के सेना के “गार्ड्स रेजिमेंट” से नाइक होखे के दावा करत उच्च सुरक्षा वाला वीवीआईपी क्षेत्र में प्रवेश करे के कोसिस कइले रहे। मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, गिरफ्तार आरोपी के नाम रामेश्वर मिश्रा (Rameshwar Mishra) हs जवना के मुंबई क्राइम ब्रांच (Mumbai Crime Branch) के अधिकारी लोग शक के आधार पs रोकले रहे लोग। सूत्र लोग बतावल की क्राइम ब्रांच ओकरा के आधा घंटा तक मॉनिटर कइले रहे काहेकि ऊ सिक्योर जोन में घुसे से पहिले इहां-उहां घूमत रहे।

एह तरे पैदा भइल संदेह

एगो अधिकारी बतवलें की संदेह तब पैदा भइल जब ऊ देखलें कि आरोपी 13 जनवरी के जारी विशिष्ट राष्ट्रीय सुरक्षा गार्ड (NSG) के एगो ID कार्ड पहिनले रहे। एमे दिखावल गइल रहे कि ओकरा के “रेंजर” के रूप में तैनात कइल गइल रहे बाकिर डोरी के रिबन पs ‘दिल्ली पुलिस सुरक्षा (PM)’ लिखल रहे।

हिरासत में भेजल गइल

मिश्रा दावा कs कहलें कि ऊ एनएसजी के पठानकोट हब में डेप्यूटेशन पs बाड़ें जवना के बाद मुंबई पुलिस एकर जांच करे के फैसला कइलस। जांच में पता चलल कि ओकर आईडी कार्ड फर्जी बा। मिश्रा पs आईपीसी के धारा 171, 465, 468 आ 471 के तहत ममिला दर्ज कइल गइल बा। ओहिजा, एह ममिला में सुक केस बांद्रा कोर्ट में पेश कइल गइल जहां कोर्ट ओकरा के 24 जनवरी तक पुलिस हिरासत में भेज देले बा।

साभार:ABP Live

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]