[the_ad_group id="30365"]

Mashrak: सरस्वती पूजा में ना बाजी डीजे, जुलूस के खातिर लाइसेंस लेहल होई अनिवार्य : थानाध्यक्ष

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)/प्रितम सिंह: मशरक थाना परिसर में सरस्वती पूजा के लेके शांति समिति के बैठक आयोजित कइल गइल। जवना के अध्यक्षता थानाध्यक्ष राजेश चौधरी कइलें।

बैठक में सरस्वती पूजा के लेके सरकार द्वारा मिलल गाइडलाइन के मोताबिक सरस्वती पूजा सम्पन्न करे के लेके चरचा भइल।  विधि ब्यवस्था के लेके प्रशासन सजग रही। दिशा-निरदेस उल्लंघन करे वालन पs सख्त कानूनी कारवाई कइल जाई। बैठक में वक्ता लोग कहल कि विद्या के मां सरस्वती के पूजा पूरा हर्षोल्लास के संगे हर गांव में सार्वजनिक स्थल आ शिक्षण संस्थानन में हो रहल बा। कुछ सालन के बाद अबकी बेर सरस्वती पूजा बड़ी धुम धाम से मनावल जा रहल बा।

पूजा में कवनो तरीका से माहौल के बिगाड़े वालन पs प्रशासन सख्त कानूनी कार्रवाई करी। बैठक में ई निर्णय भइल कि सरस्वती पूजा आ जुलूस में डीजे ना बजी। जुलूस के खातिर लाइसेंस लेवल अनिवार्य होई। उल्लंघन करे वालन पs सख्त कानूनी कार्रवाई कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]