[the_ad_group id="30365"]

मशरक में ओवरलोड बालू लदल ट्रक के वजह से छपरा-मशरक महम्दपुर एसएच- 90 पs लागल महाजाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक/प्रितम कुमार सिंह। मशरक थाना क्षेत्र से गुजर रहल एसएच- 90 आ एनएच- 227 ए राम-जानकी पथ पs बुध के चैनपुर रेलवे ओवरब्रिज के नीचे ओवरलोड बालू लदल ट्रक के गुल्ला टूटला के वजह से महाजाम लाग गइल।

जाम अइसन लागल कि 10 किलोमीटर लमहर सड़क जाम लग गइल। सबेरे जरुर काम आ लईकन के स्कूल जाये में बहुते परेसानी के सामना करे के पड़ल। मवका पs ग्रामीण लोग बतावल कि ओवरलोड बालू लदल ट्रक के बिना रोक टोक के चलला से महाजाम लागल रहेला। जवना से आम आदमी के बहुते परेसानियन के सामना करे के पड़ेला। ओहिजा ग्रामीण लोग आरोप लगावल कि पुलिस खाली दिखावा खातिर कारवाई करेले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]