Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मशरक में ओवरलोड बालू लदल ट्रक के वजह से छपरा-मशरक महम्दपुर एसएच- 90 पs लागल महाजाम

महाजाम लगला से लोग रहल परेसान, ग्रामीण लोग प्रशासन पs लगावल खुलेआम ओवरलोड बालू लदल ट्रकन के परिचालन के आरोप।

404

मशरक/प्रितम कुमार सिंह। मशरक थाना क्षेत्र से गुजर रहल एसएच- 90 आ एनएच- 227 ए राम-जानकी पथ पs बुध के चैनपुर रेलवे ओवरब्रिज के नीचे ओवरलोड बालू लदल ट्रक के गुल्ला टूटला के वजह से महाजाम लाग गइल।

जाम अइसन लागल कि 10 किलोमीटर लमहर सड़क जाम लग गइल। सबेरे जरुर काम आ लईकन के स्कूल जाये में बहुते परेसानी के सामना करे के पड़ल। मवका पs ग्रामीण लोग बतावल कि ओवरलोड बालू लदल ट्रक के बिना रोक टोक के चलला से महाजाम लागल रहेला। जवना से आम आदमी के बहुते परेसानियन के सामना करे के पड़ेला। ओहिजा ग्रामीण लोग आरोप लगावल कि पुलिस खाली दिखावा खातिर कारवाई करेले।

467850cookie-checkमशरक में ओवरलोड बालू लदल ट्रक के वजह से छपरा-मशरक महम्दपुर एसएच- 90 पs लागल महाजाम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.