Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ब्रेकिंग: फायरिंग में घायल जापान के पूर्व प्रधानमंत्री शिंजो आबे के मौत

693

जापान के प्रधानमंत्री रहल शिंजो आबे पs जानलेवा हमला के मौत हो गइल बा। जापान टाइम्स के मोताबिक, नारा शहर में उनका पs गोलीबारी भईल रहे। रिपोर्ट के मोताबिक, उ पश्चिमी जापान के नारा में एगो भाषण के दौरान गिर गईले। उ संसद के उच्च सदन में अतवार के होखेवाला चुनाव से पहिले एगो सभा के संबोधित करत रहले। रिपोर्ट में कहल गइल बा कि उनका पs पीछे से हमला कइल गइल रहे, उनका निधन से जापान aa विश्व राजनीती के गहिराह झटका लाहल बा।

बतावल जा रहल बा कि गोली लगला का बाद ऊ बेहोश हो गइल रहस। उनका के तुरंत अस्पताल पहुंचावल गईल। फिलहाल उनुका हालत के बारे में मिल रहल जानकारी के मोताबिक उनका छाती में गोली लगला के बाद हार्ट अटैक आइल। पुलिस 41 साल के हमलावर के गिरफ्तार कs लेलस।

289250cookie-checkब्रेकिंग: फायरिंग में घायल जापान के पूर्व प्रधानमंत्री शिंजो आबे के मौत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.