Amitabh Thakur Health Update : देवरिया जेल में बंद पूर्व आईपीएस अमिताभ ठाकुर के तबीयत बिगड़ल, सीना में तेज दरद के बाद आधा रात के गोरखपुर रेफर भइलें, हार्ट अटैक के आशंका

Former UP IPS Amitabh Thakur arrested by Deoria Police for not cooperating in investigation

Share

देवरिया। जिला कारागार में निरुद्ध  पूर्व आईपीएस अधिकारी अमिताभ ठाकुर के तबीयत मंगर के रात अचानके बिगड़ गइल। रात करीब 11:30 बजे ऊ सीना में तेज दरद के शिकायत कइलें, जवना के सुनतही जेल प्रशासन में हड़कंप मच गइल। हालत गंभीर लउकते उनका के फौरन इलाज खातिर महर्षि देवरहा बाबा मेडिकल कॉलेज के इमरजेंसी ले जाइल गइल।

हालांकि, मेडिकल कॉलेज में हृदय रोग विशेषज्ञ के तैनाती ना होखला के चलते डॉक्टर प्राथमिक जांच के बाद अमिताभ ठाकुर के बीआरडी मेडिकल कॉलेज, गोरखपुर रेफर कs देलें। आधा रात में उनका के गोरखपुर भेजल गइल, जहां फिलहाल इलाज चल रहल बा।

जेल अधीक्षक प्रेम सागर शुक्ल बतवलें कि पूर्व आईपीएस के सीना में दर्द के शिकायत रहे, एह चलते एहतियातन गोरखपुर रेफर कइल गइल। फिलहाल उनकर हालत सामान्य बा। ऊ चल-फिर रहल बाडें आ बातचीत कs रहल बाड़ें।

बतावल जा रहल बा कि फर्जी ढंग से कूट रचना कs के जमीन बिक्री के ममिला में पूर्व आईपीएस अमिताभ ठाकुर देवरिया जेल में निरुद्ध बाड़ें। अचानक तबीयत खराब होखला के बाद जेल प्रशासन तुरंत मेडिकल सहायता मुहैया करवलस।

बीआरडी मेडिकल कॉलेज के आईसीयू वार्ड नंबर 14 के बेड नंबर 8 पs अमिताभ ठाकुर के भर्ती कइल गइल बा। डॉक्टर लोग सीना में दर्द के कारण ट्रॉप-आई जांच लिखले बा, जवन हार्ट अटैक के आशंका के पुष्टि खातिर कइल जाला। जांच रिपोर्ट आवे तक हायर सेंटर रेफर नइखे कइल गइल बा, हालांकि मरीज खुद रेफर करे के अनुरोध कइलें बाड़ें।

बीआरडी मेडिकल कॉलेज के प्राचार्य डॉ. राम कुमार जायसवाल बतवलें कि सीना में दरद हार्ट अटैक के संकेत हो सकेला, एह वजह से ट्रॉप-आई जांच जरूरी बा। रिपोर्ट आवे के बाद आगे के फसिला लिहल जाई।

इलाज कs रहल डॉक्टर डॉ. राजकिशोर सिंह बतवलें कि मरीज के ईसीजी जांच कइल गइल बा, जवन सामान्य नइखे आइल। एह चलते कार्डियोलॉजी विभाग में रेफरेंस भेजल गइल बा। ईको जांच के बाद सही इस्थिति साफ हो पाई। तब तक ट्रॉप-आई जांच रिपोर्टो आ जाई।

Read Also: T20 World Cup 2026 : ‘भारत में खेलs ना तs अंक गंवावs’, ICC बांग्लादेश बोर्ड के अल्टीमेटम देलस?

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-