Apple के सबसे सस्ता iPhone 17e कब होई लॉन्च? जानीं फीचर आ कीमत

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 7, 2026

नई दिल्ली। एप्पल जल्दिये आपन सबसे सस्ता iPhone 17e बाजार में उतार सकेला। ताजा रिपोर्ट से पता चल रहल बा कि कंपनी आपन रेगुलर लॉन्च टाइमलाइन में बदलाव कs सकेला आ अबकि बेर iPhone 17e

Share

Apple iPhone 17e budget smartphone with A19 chipset and OLED display

नई दिल्ली। एप्पल जल्दिये आपन सबसे सस्ता iPhone 17e बाजार में उतार सकेला। ताजा रिपोर्ट से पता चल रहल बा कि कंपनी आपन रेगुलर लॉन्च टाइमलाइन में बदलाव कs सकेला आ अबकि बेर iPhone 17e के फरवरी महीना में लॉन्च कs सकेला। खास बात ई बा कि ई सस्ता iPhone होखला के बादो, एकरा में एप्पल आपन नया A19 चिपसेट दे सकेला। संगही फोन में बड़ डिस्प्ले, बेहतर बैटरी आ फास्ट चार्जिंग जइसन फीचर मिलला के उम्‍मेद बा।

एप्पल के डिजाइन फिलॉसफी के देखत ई अनुमान लगावल जा रहल बा कि iPhone 17e में क्लासिक कलर ऑप्शन आ साफ-सुथरा, प्रीमियम लुक देखे के मिली। कुल मिलाके, डिजाइन में बहुत जादे बदलाव ना होई, बाकिर फील पूरा फ्लैगशिप वाला रही।

iPhone 17e कब होई लॉन्च?

अभी तक एप्पल आधिकारिक तौर पs iPhone 17e के लॉन्च डेट के ऐलान नइखे कइले, बाकिर टेक रिपोर्टन के मानल जावs तs फरवरी 2026 के तीसरा हफ्ता भा आखिरी हफ्ता में ई डिवाइस लॉन्च हो सकेला।

iPhone 17e के संभावित स्पेसिफिकेशन

iPhone 17e में 6.1 इंच के रेटिना OLED डिस्प्ले मिल सकेला, जवन 120Hz रिफ्रेश रेट के सपोर्ट करी। परफॉर्मेंस खातिर एकरा में लेटेस्ट A19 चिपसेट होई, जवन तेज स्पीड आ बेहतर पावर एफिशिएंसी दी। फोन में 8GB रैम आ 512GB तक स्टोरेज ऑप्शन मिल सकेला।

बैटरी के ममिला में एह सस्ता iPhone में बड़ अपग्रेड देखे के मिल सकेला। रिपोर्ट के अनुसार, एकरा में 4000mAh के बैटरी होई, जवन फास्ट चार्जिंग के सपोर्ट करी आ दिन भर आराम से चले के ताकत रखी।

कैमरा आ कनेक्टिविटी

फोटोग्राफी पसंद करे वाला लोगन खातिर iPhone 17e में 48MP के प्राइमरी रियर कैमरा मिल सकेला। सेल्फी आ वीडियो कॉल खातिर फोन में 18MP के फ्रंट कैमरा होई। कनेक्टिविटी में 5G सपोर्ट, Wi-Fi 6 भा Wi-Fi 7, ब्लूटूथ 6 आ USB-C पोर्ट मिल सकेला।

iPhone 17e के संभावित कीमत

रिपोर्ट बता रहल बा कि iPhone 17e के दाम स्टैंडर्ड iPhone 17 से कम रही। भारत में एह फोन के सुरुआती कीमत करीब 64 हजार रुपिया हो सकेला। जदि रउआ पुरान iPhone यूज करत बानी भा पहिला बेर Android से iPhone पs स्विच करे के सोचत बानी, तs iPhone 17e रउआ खातिर बढ़िया ऑप्शन साबित हो सकेला।

Read Also: Amitabh Thakur Health Update : देवरिया जेल में बंद पूर्व आईपीएस अमिताभ ठाकुर के तबीयत बिगड़ल, सीना में तेज दरद के बाद आधा रात के गोरखपुर रेफर भइलें, हार्ट अटैक के आशंका

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.