[the_ad_group id="30365"]

बांग्लादेश के पूर्व पीएम शेख हसीना के 6 महीना के सजा, अदालत के अवमानना के दोषी करार

Former Bangladesh Prime Minister Sheikh Hasina after ICT court verdict on death penalty case
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। बांग्लादेश के पूर्व प्रधानमंत्री शेख हसीना पs एक बेर फेर मुसीबत आ गइल बा। स्थानीय मीडिया रिपोर्ट के अनुसार, शेख हसीना के बुध के अंतर्राष्ट्रीय अपराध न्यायाधिकरण (आईसीटी) के अदालत के अवमानना के ममिला में छव महीना जेल के सजा सुनावल गइल।

ढाका ट्रिब्यून अखबार के एगो रिपोर्ट के मोताबिक बतवलें कि ई फैसला अंतर्राष्ट्रीय अपराध न्यायाधिकरण-1 के तीन सदस्यीय पीठ के ओर से जारी कइल गइल। एह पीठ के अध्यक्षता अध्यक्ष न्यायमूर्ति मोहम्मद गुलाम मुर्तुजा मोजुमदार करत रहस।

पहिला बेर कवनो ममिला में सजा सुनावल गइल

एही फैसला में न्यायाधिकरण गैबांधा के गोविंदगंज निवासी शकील अकंद बुलबुल के दु महीना के जेल के सजा सुनावल गइल। ई पहिला बेर बा जब अपदस्थ अवामी लीग नेता के 11 महीना पहिले पद छोड़े आ देस के छोड़के भगला के बाद कवनो ममिला में सजा सुनावल गइल बा।

Read Also: Himachal Cloudburst: हिमाचल में बादल फटला से तबाही, मंडी में 10 लोगन के मौत, 406 सड़क बंद

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]