[the_ad_group id="30365"]

NASA: के हs नासा के भारतीय मूल के अंतरिक्ष यात्री अनिल मेनन? जे आपन पहिला उड़ान पs जइहें आईएसएस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। नासा के भारतीय मूल के अंतरिक्ष यात्री अनिल मेनन के नाम अंतरराष्ट्रीय स्पेस जाये वाला क्रू में तय हो गइल बा। अनिल मेनन एगो फ्लाइट इंजीनियर बा आ उ एक्सपीडिशन 75 क्रू के सदस्य होंइहें। नासा आधिकारिक बयान जारी कs के एकर जानकारी देले बा। नासा के अनुसार, मेनन रोस्कोमोस सोयूज एमएस-29 अंतरिक्षयान में सवार होके जून 2026 में अंतरराष्ट्रीय स्पेस स्टेशन खातिर रवाना होइहें।

अनिल मेनन के संगे आईएसएस जाये वाला आउर अंतरिक्ष यात्री रोस्कोमोस के अंतरिक्ष यात्री योत्र डुबरोव आ एना किकिना होई लो। रोस्कोमोस सोयूज एमएस-29 अंतरिक्षयान कजाखस्तान के बाइकोनुर कॉस्मोड्रोम से उड़ान भरी आ ई मिशन करीब आठ महीना के होई। अंतरराष्ट्रीय अंतरिक्ष स्टेशन पs अनिल मेनन कइयन गो वैज्ञानिक प्रयोग करिहें, जवना से मदद से इंसानन के भविष्य के अंतरिक्ष मिशन में फायदा मिले।

के हs अनिल मेनन

अनिल मेनन साल 2021 में नासा के अंतरिक्ष यात्री के तौर पs चयनित भइल रहस। मेनन साल 2024 में 23वीं एस्ट्रोनॉट कक्षा से स्नातक कइले रहस।। अपना अंतरिक्षयात्री के ट्रेनिंग पूरा कइला के बादे अनिल मेनन आपन पहिला अंतरिक्ष मिशन के तइयारी सुरू कs देले रहस।

Read Also: USA : राष्ट्रपति ट्रंप के ‘वन बिग ब्यूटीफुल बिल’ अमेरिकी सीनेट में भइल पास, जेडी वेंस के वोट से मिलल जीत

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]