[the_ad_group id="30365"]

ग्लोबल AI स्टार्टअप लॉन्च करिहें फ्लिपकार्ट के को-फाउंडर बिन्नी बंसल: बेंगलुरु में एकर प्रायमरी ऑपरेटिंग सेंटर आ सिंगापुर में हेडक्वार्टर होई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फ्लिपकार्ट के को-फाउंडर बिन्नी बंसल ग्लोबल AI स्टार्टअप लॉन्च करे के तइयारी कs रहल बा लो। एकरा खातिर ऊ 15 लोगन के एगो टीम के काम पs रखल बाड़ें, जेमे से जादेतर साइंटिस्ट बा लो। एकरा संगही अगिला कुछ महीनन के भीतर आ अधिक कर्मचारियन के सामिल करे के योजना बा। ब्लूमबर्ग सूत्रन के हवाला से एकरा बारे में जानकारी दिहल बा।

रिपोर्ट के मोताबिक, स्टार्टअप के प्रायमरी ऑपरेटिंग सेंटर बेंगलुरु में होई आ हेडक्वार्टर सिंगापुर में होई। बिन्नी अपना AI स्टार्टअप के जरिए टाटा कंसल्टेंसी सर्विसेज आ इंफोसिस के तरे कॉरपोरेट क्लाइंट के AI प्रोडक्ट आ सर्विसेस प्रोवाइड करावल चाहत बा लो।

दो-बेडरूम वाला अपार्टमेंट से कइल गइल रहे फ्लिपकार्ट के सुरुआत

इंडियन इंस्टिट्यूट ऑफ टेक्नोलॉजी (IIT) दिल्ली के एल्यूमिनी बिन्नी बंसल 2007 में अपना बचपन के दोस्त सचिन बंसल के संगे मिलके ई-कॉमर्स सेक्टर में एंट्री लेले रहे। फ्लिपकार्ट के सुरुआत बेंगलुरु के एगो दो-बेडरूम वाला अपार्टमेंट से भइल, जहां दुनो ऑनलाइन किताब बेचल सुरू कइले रहे लो।

2018 में बिन्नी आपन पूरा हिस्सेदारी वॉलमार्ट के 16 बिलियन डॉलर में बेच देलस। हालांकि, ऊ फ्लिपकार्ट के बोर्ड में अभी सामिल बाड़ें आ उनका लगे फ्लिपकार्ट के डिजिटल पेमेंट सर्विस फोनपे में शेयर बा। हाले में ऊ टेक स्टार्टअप में निवेश के लेके चर्चा में आइल रहस।

मस्क हाले में AI चैटबॉट ‘ग्रोक’ पेश कइलें 

एलन मस्क के आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस कंपनी xAI चार नवंबर के AI चैटबॉट ‘ग्रोक’ पेश कइलस। हालांकि, अभी ग्रोक के सर्विस कुछ चुनिंदा लोगन खातिर अवेलेबल भइल बा, जवन अभी टेस्टिंग फेज में बा।

ग्रोक के सर्विस सुरू होखला के बाद मस्क कहले रहस, ‘ सुरुआती बीटा टेस्टिंग से बाहर अइला के बाद xAI के ग्रोक सिस्टम सब X प्रीमियम+ कस्टमर्स खातिर अवेलेबल हो जाई। ग्रोक के लगे X प्लेटफॉर्म के रियल टाइम एक्सेस बा, जवन आउर के तुलना में एडवांटेज बा। ई व्यंग्य पसन करेला, हमरा ई नइखे पता कि एकरा के एह तरे के गाइड कइले बा।’

अभी दुगो बड़ AI कंपनी 

  • ओपन एआई के ChatGPT
  • गूगल के बार्ड

ChatGPT आ बार्ड से रउआ कवनो सवाल पूछ सकत बानी। माने ईमेल लिखला से लेके CV तक एकरा से बनवा सकत बानी। रील भा आपन वीडियो कइसे वायरल करे के बा, एकरो जवाब ChatGPT देला। वाइफ के का गिफ्ट दियाव, एहू पs ChatGPT रउआ सुझाव देत बानी। जइसे जदि कवनो स्टूडेंट के डेमोक्रेसी पs एसे माने निबंध लिखे के बा तs ऊ तुरंत ChatGPT पs टाइप करीं Write an essay on democracy।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]