[the_ad_group id="30365"]

पिकनिक मनाए गईल एके परिवार के पांच लोग, भवाली डैम में डूबले से भइल सबके मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

महाराष्ट्र के नासिक से एगो दुखद घटना सोझा आईल बा। जिला के इगतपुरी तालुका में मंगल के दिने एगो डैम में डूब के चार नाबालिग समेत पाँच जने के मउत हो गइल. घटना के जानकारी देत ​​पुलिस कहलस कि दुपहरिया में भवाली डैम में दुर्घटना भईल। भवाली डैम में डूबे के चलते तीन महिला अवुरी दु पुरुष समेत पांच लोग के मउत हो गईल। सभ लोग नासिक के निवासी हवे अवुरी एकही परिवार के रहे।

पिकनिक मनावे गईल रहले

एगो पुलिस अधिकारी बतवले कि, “शहर के नासिक रोड उपनगर के गोसावी वाडी इलाका के पांच लोग भवाली डैम पs पिकनिक मनावे गईल रहले, दु लोग पानी में घुस गईले, बाकीर गहराई के अंदाज़ा ना लगावे के चलते उs लोग डूबे लगले।” तीन गो अउरी लोग भी ओह लोग के बचावे खातिर कूद गईले, बाकीर उs लोग भी डूब गईले।” उs बतवले कि घटना के जानकारी मिलला के बाद पुलिस टीम मउका पs पहुंच के ओ लोग के बचावे खातीर अभियान शुरू कs देले।

पांचों लाश बरामद भइल

पुलिस अधिकारी बतवले कि, कुछ स्थानीय निवासी के मदद से बाद में पांच लोग के लाश निकाल के इगतपुरी ग्रामीण अस्पताल भेजल गईल। पुलिस के कहनाम बा कि मरेवाला लोग के पहचान इकरा दिलदार खान (14), नाजिया इमरान खान (15), मिस्बाह दिलदार खान (16), अनस खान दिलदार खान (17) और हनीफ अहमद शेख (24) के रूप में भईल बा। मरेवाला के पोस्टमार्टम खातीर अस्पताल भेजला के बाद ओ लोग के परिवार के लोग के बयान दर्ज करावल गईल। मरेवाला सभे एक परिवार के हवे अवुरी परिवार के संगे घूमे खातीर इगतपुरी भवाली डैम आईल रहले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]