[the_ad_group id="30365"]

अरबपति बाप, एक करोड़ के लग्जरी कार… रजिस्ट्रेशन के ना देले 1758 रूपिया, मार्च से बिना नंबर प्लेट के दउड़त रहे कार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पुणे कार हादसा में एगो नया मोड़ आइल बा। महाराष्ट्र परिवहन विभाग के शीर्ष अधिकारी लो बतवले कि नाबालिग के ओर से चलावल जा रहल कार के परमानेंट रजिस्ट्रेशन मार्च से पेंडिंग चल रहल बा। दरअसल कार के मालिक 1758 रूपिया के शुल्क ना चुकवले रहले। बता दी कि इलेक्ट्रिक लग्जरी स्पोर्ट्स सेडान – पोर्श टेक्कैन के कथित तौर पs एगो बिल्डर के 17 साल के बेटा चलावत रहे।

Pune Porsche Accident: पुणे में तेज रफ्तार पोर्श कार से दू गो आईटी पेशेवरन के जान लेवे वाला मामले में एगो बड़ खुलासा भइल रहे। नाबालिग द्वारा चलावल जा रहल पोर्श कार के परमानेंट रजिस्ट्रेशन मार्च से पेंडिंग पड़ल रहे, काहेकि कार के मालिक 1,758 रुपये के शुल्क ना चुकवले रहले। महाराष्ट्र परिवहन विभाग के शीर्ष अधिकारी लो एकर जानकारी देले।

महाराष्ट्र परिवहन आयुक्त विवेक भीमनवार मीडिया के बतवले कि पोर्श कार के मार्च में बेंगलुरु के एगो डीलर द्वारा इंपोर्ट कइल गइल रहे आ उहाँ से एकरा के अस्थायी पंजीकरण पs महाराष्ट्र भेजल गइल रहे। ‘इलेक्ट्रिक लग्जरी स्पोर्ट्स सेडान- पोर्श टेक्कैन’ के कथित तौर पs एगो बिल्डर के 17 साल के बेटा चलावत रहले। पुलिस के दावा बा कि ऐतवार के सुबह कल्याणी नगर इलाका में भइल दुर्घटना के समय नाबालिग नशा में रहे।

अधिकारी बतवले कि, ‘जब कार के पुणे क्षेत्रीय परिवहन कार्यालय (आरटीओ) में पेश कइल गइल, तऽ पावल गइल कि एकर रजिस्ट्रेशन फी जमा नइखे करावल गइल। एकरा भुगतान खातिर मालिक से संपर्को कइल गइल रहे। हालांकि, रजिस्ट्रेशन प्रोसेस के बिना पूरा कइले कार के वापस आरटीओ ऑफिस ना लिआवल गइल।’

अधिकारियन के अनुसार, महाराष्ट्र में रजिस्टर्ड इलेक्ट्रिक वाहनन खातिर रोड टैक्स में छूट दिहल गइल बा, एहिसे एह पोर्श टेकन मॉडल के पंजीकरण खातिर, लागू पंजीकरण शुल्क बस 1,758 रूपिया रहे, जवना में 1,500 रूपिया हाइपोथेकेशन शुल्क, 200 रूपिया स्मार्ट कार्ड आरसी शुल्क आ 58 रूपिया डाक शुल्क शामिल रहे।

दिलचस्प बात ई बा कि पोर्श इंडिया के वेबसाइट के अनुसार, वाहन निर्माता के विभिन्न कारन के एक्स-शोरूम कीमत 96 लाख रुपये से शुरू होके 1.86 करोड़ रूपिया ले जाला। हालांकि वेबसाइट पs पोर्श टेकन मॉडल के कीमत नइखे दिहल गइल, बाकिर परिवहन विभाग के सूत्र बतवलस कि ई करोड़ों में हो सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]