फिटनेस के टिप्स: फिट अउरी स्वस्थ रहे खातीर ए आदत के अपनाई

शरीर के फिट राखल कवनो आसान काम ना होखेला। घर के बनावल खाना खाए, बढ़िया नींद लेवे अउरी व्यायाम करे के अलावे अउरी बहुत काम बा, जवना के करे में बहुत समय लागेला। हालांकि कुछ अइसन काम बा जवना के आप 1 मिनट से कम समय में क के अपना के पूरा तरीका से स्वस्थ राख सकतनी।

सबेरे उठ के पानी पीये के- चाय-कॉफी से पहिले सबेरे उठला के बाद एक गिलास पानी पीये के चाही। रात भर जागला के बाद शरीर पूरा तरीका से पानी के बिना रह जाला। सबेरे उठला के बाद पानी पियला से ना सिर्फ शरीर में ऊर्जा मिलेला, बालुक इ दिमाग अउरी किडनी खातीर भी बहुत निमन होला। सबेरे एक गिलास पानी से शरीर एकदम सक्रिय हो जाला।

डेंटल फ्लॉसिंग- दांत के देखभाल करे के सबसे बढ़िया तरीका बा फ्लॉसिंग। दांत के किनारे-किनारे खाना के छोट-छोट टुकड़ा फंस जाला, जवना के चलते बैक्टीरिया बने लागेला। फ्लॉसिंग में दाँत के पातर बरस से साफ कईल जाला। काहे कि एह धागा के दू गो दाँत के बीच में फंस के दाँत पर ऊपर से नीचे ले धीरे से रगड़ल जाला। एहसे दांत के जड़ में जमा गंदगी साफ हो जाला। अभ्यास के साथ 1 मिनट से भी कम समय लागेला।

माउथवॉश से कुल्ला- 30 सेकंड तक बढ़िया माउथवॉश से कुल्ला कईला से मुंह में मौजूद बैक्टीरिया खतम हो जाला। इ काम कबो भी कईल जा सकता लेकिन स्वास्थ्य विशेषज्ञ के कहनाम बा कि सुते से पहिले माउथवॉश से कुल्ला कईल सबसे निमन बा। सुते के समय मुंह सूख जाला अउरी ए समय मुंह में मौजूद बैक्टीरिया दांत अउरी मसूड़ा के नुकसान पहुंचावेला। एही से कुल्ला कईला के बाद ही सुते के चाही ।

प्रोटीन से भरपूर नाश्ता – ईट मोर प्लांट किताब के लेखिका डेजी नील्सन महिला दिवस के वेबसाइट से कहली कि, ‘प्रोटीन से भरपूर नाश्ता ब्लड शुगर के नियंत्रित करे में मदद करेला, शरीर के ऊर्जा देवेला, भूख के पीड़ा से बचावेला ।’ प्रोटीन से भरपूर नाश्ता भी वजन घटावे खातिर निमन मानल जाला।

कार्ब फूड स्वस्थ बनाईं – स्वास्थ्य विशेषज्ञ के कहनाम बा कि, जदी आपके रोटी, पास्ता चाहे आलू जईसन कार्बोहाइड्रेट वाला खाद्य पदार्थ खाए के शौक बा त ओकरा में जैतून के तेल चाहे सिरका डाल के कोशिश करीं। इ दुनो चीज़ कार्ब के ग्लाइसेमिक प्रभाव के कम करेला। एहसे ब्लड शुगर के नियंत्रण में राखल जाला।

दिन भर मे एक फल खाइल- दिन भर नाश्ते के रूप में एक फल आ हरियर सब्जी खाईं। अगर समय कम बा त रात में काट के फ्रिज में रख लीं। रोज फल खईला से शरीर में फाइबर, विटामिन, खनिज मिलेला, जवना के चलते पाचन बढ़िया होखेला, त्वचा स्वस्थ होला अउरी ब्लड शुगर भी सही होला।

ग्रीन टी पीअल- हरी चाय स्वास्थ्य खातिर बहुत फायदेमंद होला। यूरोपीय जर्नल ऑफ प्रिवेंटिव कार्डियोलॉजी में भईल एगो अध्ययन के मुताबिक, सप्ताह में कम से कम तीन बेर ग्रीन टी पियला से दिल के बेमारी अवुरी स्ट्रोक के खतरा लगभग 25 प्रतिशत कम हो जाला।

सीढ़ी चढ़ल- 2019 के एगो अध्ययन के मुताबिक, दिन में तीन बेर 20 सेकंड में 60 सीढ़ी चढ़ला से कार्डियो फिटनेस में 5 प्रतिशत के बढ़ोतरी होखेला। कार्डियोरेस्पिरेटरी फिटनेस में छोट सुधार से भी दिल के बेमारी के खतरा कम हो जाला अउरी शरीर के समग्र रूप से स्वस्थ राखल जाला।







