लखनऊ में मेट्रो के कोच में लागल आग : बादशाह नगर स्टेशन पर रुकतही धुआं निकले लागल, यात्रियन के उतारल गइल

Share

एह वक्त के बड़ खबर लखनऊ से आ रहल बा। इहां मेट्रो के एगो कोच में आग लाग गइल। बादशाह नगर मेट्रो स्टेशन पs मेट्रो रुकल तs कोच से धुआं उठे लागल। यात्रियन में हड़कंप मच गइल। तुरंत सब यात्रियन के बाहर निकालल गइल।

मेट्रो के स्टाफ भागके मवका पs पहुंचल। यात्रियन के उहां से हटा दिहल। लाइन पs पीछे से आ रहल ट्रेनन के रोक दिहल गइल फिलहाल, अभी हालात काबू में बा। बतावल जा रहल बा कि मेट्रो में शार्ट सर्किट से आग लागल बा। एक्सपर्ट के टीम मवका पs पहुंच रहल बा। फिलहाल, आग के बुझावे के काम कइल जा रहल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-