[the_ad_group id="30365"]

Good News: रेलवे में नौकरी पावे के बढ़िया मौका, लिखित परीक्षा ना देवे के होई , तनखाह 200000 रुपया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सरकारी नौकरी रेलवे भर्ती 2024 : भारतीय रेलवे में नौकरी (Govt Jobs) पावे के इ एगो बढ़िया मौका बा। जे लोग एह पदन खातिर आवेदन करे के योजना बनावत बा, पहिले नीचे दिहल बिन्दु के ध्यान से पढ़ीं ।

रेलवे भर्ती 2024 : भारतीय रेलवे में नौकरी पावे के आकांक्षा राखे वाला उम्मीदवार खातीर इ एगो बढ़िया मौका बा। उत्तरी रेलवे सीनियर रेजिडेंट के पद भरे खातिर आवेदन आमंत्रित कइले बा । जवन भी उम्मीदवार एह पदन खातिर आवेदन करे के योजना बनावत बा ऊ आधिकारिक वेबसाइट nr.indianrailways.gov.in प जा के आवेदन कर सकेला। एह पदन खातिर आवेदन प्रक्रिया शुरू हो गइल बा । जे अभी तक आवेदन नइखन कइले, उ तुरंत आवेदन करे के चाही। ना त ई मौका छूट जाई ।

रेलवे के एह बहाली के तहत 25 गो पद भरल जाई । एह पदन खातिर उम्मीदवारन के चयन वॉक-इन-इंटरव्यू के आधार पर कइल जाई । संगही, उम्मीदवार 27 मई के चाहे ओकरा से पहिले आवेदन क सकतारे। जे भी उम्मीदवार एह पदन खातिर आवेदन करे के सोचत बा ओकरा नीचे दिहल बिन्दु के ध्यान से पढ़े के चाहीं।

रेलवे में चयन पs वेतन दिहल जाई

एह पदन खातिर चुनल जाए वाला अभ्यर्थियन के लेवल 7 सीपीसी के मुताबिक मैट्रिक्स लेवल-11 के तहत 67700 से 208700 रुपया के भुगतान कइल जाई।

रेलवे में नौकरी पावे खातिर उम्र सीमा

आधिकारिक अधिसूचना के मुताबिक ए पद प आवेदन करेवाला उम्मीदवार के उम्र सीमा 37 साल से जादे ना होखे के चाही।

रेलवे में नौकरी पावे के योग्यता का बा?

उम्मीदवार के एमसीआई/एनबीई के मान्यता प्राप्त संस्थान से संबंधित विशेषज्ञता में स्नातकोत्तर डिग्री होखे के चाही। तबे ओह लोग के आवेदन करे के पात्र मानल जाई ।

रेलवे में एही तरे चयन होई

एह पदन खातिर आवेदन करे वाला उम्मीदवारन के चयन आधिकारिक अधिसूचना के मुताबिक वॉक-इन-इंटरव्यू के आधार प कइल जाई ।

उम्मीदवार के वॉक इन इंटरव्यू के तारीख प सबेरे 8.30 बजे उत्तरी रेलवे सेंट्रल अस्पताल, नई दिल्ली के उत्तरी रेलवे सेंट्रल अस्पताल के अकादमिक ब्लॉक के पहिला मंजिल के सभागार में अपना विधिवत भरल आवेदन पत्र के संगे संबंधित दस्तावेज तक पहुंचे के होई।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]