[the_ad_group id="30365"]

मुंबई में स्कूल के स्टोर रूम में लागल आग, आसमान ले उठल धुआं

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मुंबई : शहर के परेल इलाका में स्थित बहुमंजिला स्कूल में आग लगला के मामिला सामने आईल बा। आग लागे के वीडियो भी सामने आइल बा। वीडियो में आग लगला के बाद ऊँच-ऊँच धुँआ लउकत बा। एकरा संगे रुक-रुक के धमाका के आवाज़ भी सुनाई देता। इs घटना मुंबई के परेल इलाका में स्थित मिंट कॉलोनी के मोनो रेलवे स्टेशन के नजदीक भईल। इहाँ मोनो रेलवे स्टेशन के नजदीक स्थित पांच मंजिला इमारत में आग लाग गईल। बीएमसी स्कूल के स्टोर रूम में आग लाग गईल। स्कूल के नाम साईं बाबा BMC स्कूल हs।

स्कूल के स्टोर रूम में लागल आग

असल में परेल इलाका में स्थित साईं बाबा बीएमसी स्कूल के स्टोर रूम में आग लागल बा। इs आग स्कूल के ग्राउंड फ्लोर से शुरू भईल। ग्राउंड फ्लोर में गद्दा, सिलेंडर आ अउरी कई गो सामान राखल रहे। सोमवार के सबेरे 9 बजे ग्राउंड फ्लोर में अचानक आग लाग गईल। आग लगला के बाद तुरंत दमकल विभाग के एकरा बारे में जानकारी दिहल गईल। एकरा बाद फायर ब्रिगेड के चार गाड़ी मौका पs पहुंचल। अबो आग पs काबू पावे के प्रयास कईल जाता। दमकल विभाग लगातार आग पs पानी के छिड़काव करतिया।

आग लगला के बाद भइल धमाका

आग से निकलल धुँआ के बहुत दूर से देखल जा सकत रहे। अच्छा बात ई रहे कि आज मकर संक्रांति के चलते स्कूल के छुट्टी रहे, ना तs कवनो बड़ दुर्घटना हो सकत रहे। फिलहाल ए दुर्घटना में केहु के घाही होखे के सूचना नईखे मिलत। हालांकि आग लगला के दौरान वीडियो में रुक-रुक के धमाका के आवाज सुनाई देलस। मानल जाता कि स्टोर रूम में आग लगला के चलते सिलेंडर के धमाका हो सकता, जवना के आवाज़ वीडियो में सुनाई देता।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]