[the_ad_group id="30365"]

संघतियन से बतिआवते बेरा हो गइल युवक के मौत, CCTV में कैद भइल वीड‍ियो; पोस्‍टमार्टम र‍ि‍पोर्ट में निकल के आइल सोझा इ बात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कमला नगर के बृज विहार में मिठाई के दुकान पऽ 25 साल के जसवीर उर्फ वीरू चार महीने से कारीगर रहले।फिरोजाबाद के नगला सिंघी गाँव दारापुर के ठार के रहे वाला रहले। जसवीर अपना साथे काम करत कारीगर लो से बतिआवत रहले। बतकही के बीचे मे जमीन प गिर गइले आ ओही लगले उनकर मौत हो गइल। दोकान में लागल सीसीटीवी में जसवीर के मौत के पूरा घटना कैद हो गइल।

कहल जाला कि मौत के समय आ जगह दुनु नियती के लिखल हऽ, बियफे के दिने युवक के मौत के लाइव वीडियो से ई सच्चाई एक बार फिर साबित भइल। मिठाई के दोकानदार के इहाँ कारीगर संघतियन से बतिआवत जब जसवीर गिर गइले तऽ ओही लगले उहाँ मौजूद कारीगर लो अस्पताल लेकर भागल, जहाँ जाते उनका के डाक्टर लो के जरिये मरल बतावल गइल। कारीगर के मौत के वीडियो मये सोशल मीडिया पर वायरल हो गइल।

ई कुल घटना के सुचना उहाँ काम करत कारीगर लो पुलिस के दिहल। थानाध्यक्ष कमला नगर सोविंद्र कुमार बतवले कि पोस्टमार्टम रिपोर्ट में मौत के कारण ‘कार्डियक’ अटैक बतावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]