आशुतोष शाही आ बॉडीगार्ड हत्याकांड में 3 अरेस्ट: वकील डॉलर, पूर्व वार्ड पार्षद शेरू आ प्रॉपर्टी डीलर विक्कू शुक्ला गिरफ्तार, 6 के खिलाफ दर्ज भइल बा FIR

Share

प्रॉपर्टी डीलर आशुतोष शाही आ बॉडीगार्ड हत्याकांड में पुलिस एफआईआर दर्ज कs लेले बिया। एमे 6 लोगन के खिलाफ ममिला दर्ज कइल गइल बा। हत्याकांड में एडवोकेट सैयद कासिम हुसैन उर्फ डॉलर, पूर्व वार्ड पार्षद शेरू अहमद आ प्रॉपर्टी डीलर विक्रांत कुमार उर्फ विक्कू शुक्ला के पुलिस गिरफ्तार कs लेले बिया।

परिजनन के बयान के आधार पs 6 लोगन के खिलाफ ममिला दर्ज करावल गइल बा। ओहिजा, दूसरका ओर सोमार के आशुतोष शाही के परिजन एसएसपी राकेश कुमार से मिले पहुंचल लो। ऊ लोग कार्रवाई के मांग कइल। संगही, सुरक्षा के गुहार लगवले बा लो। एसएसपी कार्रवाई के पूरा भरोसा देले बाड़ें।

एसएसपी कार्यालय के बाहर परिजन।

बतावत चलीं कि बिहार के बाहरो स्पेशल टीम छापेमारी में जुटल बिया। मुजफ्फरपुर पुलिस के एसआईटी के छव अलग-अलग टीम के संगे एसटीएफ के टेक्निकल टीम आ स्पेशल ब्रांच के अधिकारी जांच में सहजोग कs रहल बा लो। एह बीच घटना के समय वकील के चैंबर में मवजूद रहल पूर्व वार्ड पार्षद शेरू के पुलिस हिरासत में लेले बिया। अतवार देर रात तक पुलिस प्राथमिकी खातिर आवेदन के इंतजार करत रहे।

एह लोगन पs केस दर्ज

जमीन कारोबारी आशुतोष शाही हत्याकांड में परिवार के लोग जवन छव लोगन के खिलाफ FIR दर्ज करवले बा, ओमे मंटू शर्मा, गोविंद कुमार, धनंजय ओंकार, विक्रांत कुमार उर्फ बिक्कु शुक्ला, सैयद कासिम हुसैन उर्फ डॉलर अधिवक्ता, वार्ड नंबर 44 के पूर्व पार्षद शेरू अहमद के नाम सामिल बा।

पुलिस सीसीटीवी फुटेज खंगरलस 

हालांकि, देर रात ममिला दर्ज कइल गइल। उच्च स्तरीय पुलिस सूत्रन के मोताबिक, एह घटना में 8-10 लोगन के भूमिका पs आशुतोष शाही के करीबी आशंका जता रहल बा लो। जेमे बड़ प्रॉपर्टी डीलर सामिल बा लो। 100 से जादे लोगन के मोबाइल के कॉल डिटेल आ टावर लोकेशन खंगारल जा रहल बा। आशुतोष शाही के घर के सीसीटीवी फुटेजो खंगारल जाई। एसे पता चली कि वकील के घर खातिर निकले से पहिले आशुतोष शाही कवना लोगन के संगे बइठल रहस। वकील आ आशुतोष शाही के बीच मोबाइल पs भइल बात के अनुसंधान पुलिस खातिर सबसे जादे अहम बा।

आशुतोष शाही आ उनका बॉडीगार्ड के गोली मारके कइल गइल रहे हत्या

बतावत चलीं कि बाइक सवार अपराधियन द्वारा आशुतोष शाही आ उनका बॉडीगार्ड के गोली मारके हत्या कs दिहल गइल रहे। एह घटना में आशुतोष के संगे दुगो बॉडीगार्ड के मृत्यु हो गइल रहे। जबकि, एगो बॉडीगार्ड आ वकील के अभियो इलाज चल रहल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-