सांझ के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 25, 2023

बिहार: बेटा के नाम कलेक्टर रखला से ऊ कलेक्टर ना बनी; विपक्षी गठबंधन पs उपेंद्र कुशवाहा बोललें- नाम I.N.D.I.A रखे दियाव… पीएम तs मोदीये बनिहें। आशा कार्यकर्त्ता लोगन के मांग के उठइहें कुशवाहा। बिहार: गठबंधन

Share

  1. बिहार: बेटा के नाम कलेक्टर रखला से ऊ कलेक्टर ना बनी; विपक्षी गठबंधन पs उपेंद्र कुशवाहा बोललें- नाम I.N.D.I.A रखे दियाव… पीएम तs मोदीये बनिहें। आशा कार्यकर्त्ता लोगन के मांग के उठइहें कुशवाहा।
  2. बिहार: गठबंधन खातिर लोग हमार गोड़ धोवे के तइयार; मुकेश सहनी कहलें- अपना शर्तन पs करेम गठबंधन, वोट ना बेचें के शपथ दिलवलें। NDA आ INDIA के दु टूक- आरक्षण ना तs गठबंधन ना। चरचा में बा सहनी के 4 करोड़ के रथ।
  3. उत्तर प्रदेश: राहुल के भारत जोड़ो यात्रा-2 में लउकी यूपी के दम; 20 से 25 दिन अखिलेश, जयंत आ तेजस्वी के संगे करिहें यात्रा; पछिम के 27 सीटन पs बा नजर।
  4. उत्तर प्रदेश: ज्ञानवापी के ASI सर्वे के खिलाफ हाईकोर्ट में सुनवाई काल्ह; मुस्लिम पक्ष दाखिल कइले रहे याचिका, नया बेंच के गठन होई; हिंदू पक्ष दाखिल कइले बा कैविएट। लंबित ममिलन के सुनवाई के बाद अब फैसला 28 के।
  5. झारखंड: झरिया के पूर्व विधायक मंगलें इच्छामृत्य; संजीव सिंह कोर्ट में याचिका दायर कs के कहलें, इलाज के इजाजत नइखे दिहल जा सकत तs मौत दे दिहल जाव। जेल में कुरसी से गिर गइल रहस पूर्व विधायक।
  6. लोकसभा में मणिपुर के लेके विपक्ष के हंगामा जारी: शाह खेती आ सहकारिता पs लगातार बोलत रहलें, विपक्षियन के लगातार मणिपुर-मणिपुर के नारेबाजी।
  7. अवॉर्ड वापसी पs लगाम लगावे के तइयारी: पार्लियामेंट्री कमिटी बोलल: पुरस्कार पावे वाला कैंडिडेट शपथ लेवे लो, ऊ लोग अवार्ड ना लवटाई। अवार्ड के राजनीतिकरण ना होखे के चाहीं।
  8. मेघालय CM ऑफिस पs हमला के 18 आरोपी गिरफ्तार: एमे BJP के दुगो महिला नेता सामिल; दुगो TMC नेता लोगन पs उकसावे के आरोप। हमला में घायल 5 सुरक्षा कर्मियन से मिलल रहस सीएम कॉनरोड संगमा।
  9. लापता चीनी बिदेस मंत्री क्विन गेंग पद से हटावाल गइलें: अब उनकर जगह वांग यी लिहें। हमनी के क्विन गेंग के बारे में कुछ पता नइखे: चीनी बिदेस मंत्रालय।
  10. सात्विक-चिराग करियर बेस्ट रैंकिंग पs: भारतीय जोड़ी नंबर 2 पs पहुंचल, सिंधु के विमेंस सिंगल में 17वां स्थान बरकरार। चिराग-सात्विक के जोड़ी हाले में कोरिया ओपन के खिताब जीतले रहे लो। एचएस प्रणय के मेंस सिंगल में 10वां स्थान बरकरार।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.