[the_ad_group id="30365"]

जानीं कौने दिन भारत सरकार द्वारा जारी कइल जा सकsता 13वीं किस्त, एह किसानन के अटक सकsता पइसा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश में किसानन के भविष्य सुधारे अउर उनके आर्थिक सुरक्षा देवे खातिर भारत सरकार कई योजना के संचालन कs रहल बा। एही सिलसिला में आजु हम आपके भारत सरकार के एगो बहुते शानदार स्कीम के बारे में बतावे जा रहल बा।

एह स्कीम के नाम प्रधानमंत्री किसान सम्मान निधि योजना बा। योजना के अंतर्गत हर साल भारत सरकार किसानन के 6 हजार रुपया के आर्थिक सहायता प्रदान कर 6 हजार रुपया के राशि केंद्र सरकार द्वारा हर साल तीन किस्त के रूप में जारी कइल जाता।

अब ले किसानन के खाता में कुल 12 किस्त के पइसा के ट्रांसफर कइल जा चुकल बा। उहवें सरकार जल्दिए किसानन के बैंक अकाउंट में 13वीं किस्त के पइसा के ट्रांसफर कर सकतिया। अइसे में देश भर में करोड़ों किसान 13वीं किस्त के इंतजार कर रहल बानें।

मीडिया रिपोर्ट्स के मानल जाव त भारत सरकार जनवरी, 2023 के पहिले सप्ताह में 13वीं किस्त जारी कs सकsतिया। हालांकि, किस्त जारी करे के तारीख के लेकर सरकार अबले कौनो एलान नइखे कइले

अगर आप प्रधानमंत्री किसान सम्मान निधि योजना के लाभ ले रहल बानीं। एह स्थिति में आपके किसान सम्मान निधि योजना के लाभार्थी सूची में आपन नाम जरूर चेक कर लेवे के चाहीं।

आप pmkisan.gov.in वेबसाइट पर विजिट कsके आसानी से लाभार्थी सूची में आपन नाम चेक कर सकतनीं। एकरे खातिर आप के पीएम किसान पोर्टल पर विजिट कsके फार्मर कॉर्नर में जाए बा।

इहां आप के बेनिफिशियरी लिस्ट में जा के आपन नाम चेक करे के होई। उहवें जौन किसान अब ले अपने भूलेख के सत्यापन नइखे करवलें, उनके किस्त के पइसा अटक सकsता। एकरे अलावा जौन किसान अब ले योजना में ई-केवाईसी नइखे करवलें। उनके भी योजना के लाभ नाइ मिली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]