[the_ad_group id="30365"]

छपरा के रास्ते फेस्टिवल स्पेशल ट्रेन के होई संचालन: आनंद विहार टर्मिनल आ जयनगर के बीच चली गाड़ी, देखीं रूट चार्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जय नगर आ आनंद विहार टर्मिनल के बीच त्योहार स्पेशल ट्रेन के संचालन कइल जा रहल बा। दीवाली आ छठ महापर्व के देखत ई निर्णय लिहल गइल बा। 05557/05558 जयनगर-आनन्द विहार टर्मिनस-जयनगर सप्ताहिक विशेष गाड़ी के संचलन 21 नवंबर से 6 दिसंबर तक जयनगर आ आनन्द विहार टर्मिनस से 3 फेरन खातिर कइल जाई। ट्रेन के संचालन से छपरा के यात्रियन के विशेष लाभ मिली। त्योहार में बढ़त भीड़ के देखत रेलवे विभाग स्पेशल ट्रेन चलावे के निर्णय लेले बा। जानकरी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार प्रेस विज्ञप्ति के माध्यम से देले बाड़ें।

ट्रेन संख्या 05557 अप में जयनगर से चलके दुपहर 12:40 में छपरा पहुंची। जबकि डाउन में ट्रेन संख्या 05558 आनंद बिहार से चलके रात्रि में 11:55 पs छपरा जंक्शन पहुंची।

आनन्द विहार टर्मिनस 05.00 बजे पहुंची 

05557 जयनगर-आनन्द विहार टर्मिनस विशेष गाड़ी 21 नवम्बर से 5 दिसम्बर तक जयनगर से 06:00 बजे प्रस्थान कs के मधुबनी से 06:30 बजे, दरभंगा से 07:25 बजे, समस्तीपुर से 08:50 बजे, मुजफ्फरपुर से 09:50 बजे, हाजीपुर से 10:45 बजे, छपरा से 12:40 बजे, गोरखपुर से 14:40 बजे, बस्ती से 15:42 बजे, गोण्डा से 16:42 बजे, सीतापुर से 18:50 बजे, दूसरका दिन मुरादाबाद से 01:00 बजे आ गाजियाबाद से 03:05 बजे चलके आनन्द विहार टर्मिनस 05.00 बजे पहुंची।

जयनगर 06.30 बजे पहुंची 

वापसी यात्रा में 05558 आनन्द विहार टर्मिनस-जयनगर विशेष गाड़ी 22 नवम्बर से 6 दिसम्बर तक आनन्द विहार टर्मिनस से 07:30 बजे प्रस्थान कs के गाजियाबाद से 08:05 बजे, मुरादाबाद से 09:40 बजे, सीतापुर से 16:00 बजे, गोण्डा से 18:10 बजे, बस्ती से 19:12 बजे, गोरखपुर से 21:30 बजे, छपरा से 23:55 बजे, दूसरका दिन हाजीपुर से 01:15 बजे, मुजफ्फरपुर से 02:15 बजे, समस्तीपुर से 03:45 बजे, दरभंगा से 04:45 बजे और मधुबनी से 05:32 चलके जयनगर 06:30 बजे पहुंची।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]